Kunal Kamra: ‘कुणाल कामरा माफी मांगस, ना तs मुंबई में घूमे ना देम सs’, कॉमेडियन पs FIR के बाद बोललें शिवसैनिक

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 24, 2025

कॉमेडियन कुणाल कामरा के महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे पs टिप्पणी कइल भारी पड़ गइल बा। उनका खिलाफ पुलिस में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा। एकरा अलावे शिवसेना नेता कामरा के चेतावनी दे रहल बा

Share

Kunal Kamra: 'कुणाल कामरा माफी मांगस, ना तs मुंबई में घूमे ना देम सs', कॉमेडियन पs FIR के बाद बोललें शिवसैनिक

कॉमेडियन कुणाल कामरा के महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे पs टिप्पणी कइल भारी पड़ गइल बा। उनका खिलाफ पुलिस में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा। एकरा अलावे शिवसेना नेता कामरा के चेतावनी दे रहल बा लो कि ऊ शिंदे से माफी मांगस ना तs उनकर मुंबई में खुलेआम घूमल मुश्किल कs दिहल जाई।

पहिले जानीं का बा ममिला?

स्टैंड-अप कॉमेडियन कुणाल कामरा अपना शो में शिंदे पs विवादित टिप्पणी कइले रहस। एकरा पs भड़कल शिवसैनिक जहां शो के आयोजन कइल गइल रहे, उहां धावा बोल देले रहे लो। दरअसल, शिवसेना कार्यकर्ता अतवार के मुंबई के खार इलाका में होटल यूनिकॉन्टिनेंटल में तोड़फोड़ कइले रहस। एह होटल में स्टैंड-अप कॉमेडियन कुणाल कामरा के शो के शूटिंग भइल रहे, जेमे ऊ उपमुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे पs कटाक्ष करत उनका के गद्दार बोलले रहस। एकरा बाद शिवसेना युवा सेना (शिंदे गुट) के महासचिव राहुल कनाल आ 19 आउर के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज कइल गइल। बीएनएस आ महाराष्ट्र पुलिस अधिनियम के अलग-अलग धारा के तहत FIR दर्ज कइल गइल।

‘सार्वजनिक रूप से दिखाई देलें तs हमनी के उनका चेहरा पs करिखा पोत देम सs’

शिवसेना (शिंदे गुट) के विधायक मुरजी पटेल कॉमेडियन कुणाल कामरा के खिलाफ एमआईडीसी पुलिस स्टेशन में एफआईआर दर्ज करवले बाड़ें। मुरजी पटेल कहलें, ‘हमनी के अपना नेता के खिलाफ कइल गइल टिप्पणी खातिर कुणाल कामरा के खिलाफ एफआईआर दर्ज करावल गइल बा। हमनी के उनका खिलाफ त्वरित कार्रवाई के मांग कइले बानी सs। हम उनका से कहल चाहत बानी कि ऊ दु दिनन के भीतर एकनाथ शिंदे से माफी मांगस ना तs शिवसैनिक उनका के मुंबई में स्वतंत्र रूप से घूमे ना दी लो। जदि ऊ कहियो सार्वजनिक रूप से दिखाई दिहें तs हमनी के उनका चेहरा पs करिखा पोत दिहें। हमनी के एह मुद्दा के विधानसभा में उठाएम सs आ अपना राज्य के गृह मंत्री से निहोरा करेम सs कि जल्दी से जल्दी से उनका खिलाफ कार्रवाई के आदेस देस।’

कांग्रेस बोलल- कानून के पालन करीं

ममिला में कांग्रेस शिवसेना आ सरकार से कानून के हिसाब से कार्रवाई करे के आह्वान कइलस। कांग्रेस नेता अतुल लोंधे कहलें, ‘हमनी के तोड़फोड़ के समर्थन नइखी करत सs। रउआ एगो संवैधानिक पद पs बानी। राउर भावना आसानी से आहत हो जाला, रउआ पुलिस से संपर्क करे के चाहीं आ शिकायत दर्ज करावे के चाहत रहे। कानूनी बेवस्था में केहूओ के तोड़फोड़ करे के अधिकार नइखे दिहल जा सकत। कानून के राज बा, जहां तक कुणाल कामरा कहलें कि ऊ एगो कॉमेडियन आ लेखक बाड़ें, ऊ समाज में होखे वाला घटनन पs टिप्पणी करत बाड़ें। जदि रउआ स्टैंड-अप कॉमेडी, ओमे इस्तेमाल कइल जाये वाला भाषा से एतना परेसानी बा, तs एकरा के पूरा तरे से बंद कर दीं। रउआ टिप्पणियन से एतना से डेरात काहे बानी? ई अभिव्यक्ति के स्वतंत्रता आ संविधान के खिलाफ बा।’

Read Also: Kunal Kamra: ‘कुणाल कामरा माफी मांगस, ना तs मुंबई में घूमे ना देम सs’, कॉमेडियन पs FIR के बाद बोललें शिवसैनिक

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.