[the_ad_group id="30365"]

सब जूनियर स्टेट एथलेटिक्स प्रतियोगिता खातिर चुनल गईल मंडल के टीम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खेल निदेशालय अउरी प्रदेश एथलेटिक्स संघ के ओर से तीन से चार सितंबर ले वाराणसी में सब जूनियर स्टेट एथलेटिक्स प्रतियोगिता खातिर मंडल टीम के घोषणा कs देहल गइल बा। एहमें विभिन्न इवेंट में जिला के पांच खिलाड़ियन के चयन कइल गइल बा।

जिला क्रीड़ाधिकारी राज नारायण प्रसाद बुधवार के बतवलें कि सब जूनियर एथलेटिक्स प्रतियोगिता खातिर खिलाड़ियन अउरी प्रशिक्षक अउरी मैनेजर के मिला के 30 सदस्यीय टीम चुनल गईल बा। एहमें जनपद के नकुल यादव 300 मीटर रेस, आदर्श कुमार सिंह लांग जंप, निशा साहनी लांग जंप, अंजली कुशवाहा 800 मीटर व कसक गुप्ता 300 मीटर रेस में प्रतिभाग करिहें।

उ बतवलें कि मंडलीय टीम में गोरखपुर जनपद के 15, कुशीनगर के पांच, महराजगंज के तीन अउरी देवरिया के पांच खिलाड़ी चुनल गइलें। देवरिया के ही पुष्पेंद्र कुमार आर्य के पुरुष अउरी गोरखपुर के पारुल दूबे के महिला टीम के मैनेजर अउरी प्रशिक्षक बनावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]