Deoria: किसान आंदोलन में तैनात गहिला के ITBP जवान के ड्यूटी के दौरान हार्ट अटैक से मौत, परिवार में मचल कोहराम…

ITBP जवान धर्मेंद्र (फाइल फोटो)

Share


देवरिया : जिला के बरहज तहसील क्षेत्र के ग्राम गहिला निवासी आईटीबीपी जवान धर्मेंद्र यादव के दिल्ली में ड्यूटी के दौरान मंगर के निधन हो गइल। ऊ किसान आंदोलन खातिर दिल्ली बार्डर पर तैनात रहस। दुपहरिया तीन बजके तीस मिनट पs हार्ट अटैक अइला से उनकर निधन भइल। एह आकस्मिक घटना से क्षेत्र में शोक के लहर दउड़ गइल बा।

नवहन खातिर प्रेरणा स्त्रोत रहस धर्मेंद्र

धर्मेंद्र 2012 में आईटीबीपी में भरती भइल रहस। ऊ हमेसा अपना क्षेत्र आ गांव के नवहन के आगे बढ़े आ अच्छा करे खातिर प्रेरित करत रहत रहस। ऊ नवहन में प्रेरणा के स्त्रोत रहस। धर्मेंद्र के पिता बृजनंदन यादव किसान बाड़ें। धर्मेंद्र दु भाई आ तीन बहिनन में अकेले कमावे वाला व्यक्ति रहस। पुत्री आराध्या कक्षा दु आ प्रियांशी कक्षा एक में बा। अचानके भइल एह घटना के सूचना मिलतही परिवार में कोहराम मच गइल।

खबर भोजपुरी के ऑफिसियल चैनल के विजिट करीं : खबर भोजपुरी ऑफिसियल

गांव में पसरल बा सन्नाटा

धर्मेंद्र के निधन के सूचना मिलतही गांव आ आसपास के क्षेत्रन में शोक के लहर दउड़ गइल बा। ग्राम प्रधान संतोष खरवार,दरोगा यादव, अमला प्रसाद, हंसनाथ यादव, लाल बाबू, जयपति, अखिलेश सिंह, रणविजय सिंह, अभिषेक कुशवाहा, कमलेश गुप्ता, जर्नादन यादव आदि कहल लो कि ई एह गांव आ समाज के संगही देस खातिर बहुत बड़ क्षति बा। एकर भरपाई नामुमकिन बा। समूचा गांव में सन्नाटा पसरल बा।
इहो पढ़ीं: Auto Sector: नया साल से चार फीसदी तक महंगा होइहें सs गाड़ी, उच्च खाद्य महंगाई से परेसान लोगन के जादे ढीला करे के होई पाकिट

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-