कश्मीर के कुपवाड़ा में मिलल विस्फोटक, सेना कइलस डिफ्यूज

Minee Upadhyay
Jammu Kashmir
- Sponsored Ads-

उत्तर कश्मीर के कुपवाड़ा जिला में सेना के संदिग्ध विस्फोटक वस्तु मिलल बा जवना के सेना के जवान एहतियात के तौर पs निष्क्रिय कs दिहले बाड़े.जानकारी के मुताबिक जम्मू-कश्मीर पुलिस अवुरी सेना के स्थानीय राष्ट्रीय राइफल्स के संयुक्त टीम के एs बम निहन वस्तु के बारे में जानकारी मिलल रहे, जवना के बाद टीम मौका पs पहुंच के लोग के पहुंच से दूर राख के एकरा के निष्क्रिय कs देलस।

पुलिस अवुरी सेना के टीम के जानकारी मिल गईल रहे

- Sponsored Ads-

जानकारी के मुताबिक उत्तर कश्मीर के कुपवाड़ा जिला के हंदवाड़ा लंगेट इलाका में सेना के एगो संदिग्ध विस्फोटक वस्तु के पता चलल बा। एकरा बाद सेना अवुरी पुलिस टीम एकरा के तबाह कs देलस। पुलिस अवुरी सेना के स्थानीय राष्ट्रीय राइफल्स के संयुक्त टीम बारामुल्ला-हंदवाड़ा रोड पs एगो संदिग्ध विस्फोटक के पता चलल। एकरा बाद उहाँ बम निपटान दस्ता (बीडीएस) के मौका पs भेजल गईल। डिफ्यूज के दौरान केहु के नुकसान ना पहुंचावे खातीर इलाका में यातायात बंद क दिहल गईल।  एकरा चलते कुछ समय ले आम जनता के आवागमन ठप हो गईल। एकरा बाद बम निपटान दस्ता विस्फोट के निष्क्रिय कs दिहलस अवुरी ट्रैफिक भी बहाल हो गईल।

अधिकारी जानकारी देले
जानकारी देत ​​अधिकारी बतवले कि हमनी के सुरक्षा बल के बुध के हंदवाड़ा-बारामुला राजमार्ग पs एगो संदिग्ध ‘इंप्रोवाइज्ड एक्सप्लोसिव डिवाइस (आईईडी)’ के पता चलल, जवना के निष्क्रिय कs दिहल गईल बा। अधिकारी आगे बतवले कि पुलिस अवुरी सेना के संयुक्त गश्ती टीम के हंदवाड़ा इलाका के लंगेट में राजमार्ग के किनारे एगो संदिग्ध बैग मिलल। जानकारी मिलते बम निपटान दस्ता के मौका पs भेजल गईल अवुरी संदिग्ध बैग के खाली इलाका में ले जाइल गईल। जहां बम निपटान दस्ता संदिग्ध आईईडी के नष्ट कs देलस अवुरी ओकरा से कवनो नुकसान ना भईल। 

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।