लोन पास करे खातीर बैंक मैनेजर खा गइल 39 हजार के देसी मुरगा, किसान के आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 10, 2024

छत्तीसगढ़ के बिलासपुर जिला में बैंक मैनेजर के एगो हैरानी वाला हरकत सोझा आईल बा। किसान  एसडीएम के दिहल शिकायत में बतवलस कि मस्तूरी में स्थित एसबीआई के प्रबंधक 12 लाख रुपिया के कर्जा पs

Share

लोन खातीर बैंक मैनेजर खा गइल 39 हजार के मुरगा

छत्तीसगढ़ के बिलासपुर जिला में बैंक मैनेजर के एगो हैरानी वाला हरकत सोझा आईल बा। किसान  एसडीएम के दिहल शिकायत में बतवलस कि मस्तूरी में स्थित एसबीआई के प्रबंधक 12 लाख रुपिया के कर्जा पs 10 प्रतिशत कमीशन मंगले।  शिकायत के मुताबिक किसान उनुका के लोन के रकम के 10 प्रतिशत कमीशन के रूप में अग्रिम में दे देले।  एतने ना बैंक अधिकारी उनुका से 39 हजार रुपया के स्थानीय मुरगा भी खईले।  तबो लोन पास ना भईल।

इंडिया टुडे के मुताबिक मस्तूरी इलाका के सरगंवा निवासी किसान रूपचंद मनहर बैंक मैनेजर से लोन पास करे के निहोरा करत रहले।  जब बैंक मैनेजर लोन के मंजूरी देवे से मना कs देलस तs रूपचंद मनहर के गोड़ के नीचे से जमीन फिसल गईल।  उs 12 लाख रुपया के लोन खातीर 10% कमीशन अग्रिम में दे चुकल रहले।  ठग महसूस करत रूपचंद एसडीएम के लगे जाके शिकायत कईले।  उनुकर कहल बा कि अगर प्रशासन उनुका शिकायत पs कार्रवाई ना करी तs उs जान दे दी।

रूपचंद मनहर के दावा बा कि दु महीना के दौरान उs आपन मुरगा बेच के कमीशन के रकम आरोपी बैंक मैनेजर के पहिले से दे देले।  उs लोग के आरोप बा कि आरोपी हर शनिचर के लोन देवे के बहाने स्थानीय मुरगा के मांग करत रहले अवुरी करीब 39 हजार रुपया के मुरगा खा लिहले। रूपचंद मनहर के दावा बा कि आरोपी 38,900 रुपया के मुरगा खईले बाडे, जवना के रसीद भी उनुका लगे बा।
इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.