Deoria News: मानव अधिकार सहायता संघ अंतरराष्ट्रीय के ओर से अतवार के सलेमपुर के सिंचाई विभाग के डाक बंगला पs बैठक कइल गइल। एकर अध्यक्षता उत्तर प्रदेश के प्रदेश संगठन मंत्री आ देवरिया के जिला अध्यक्ष कर्मवीर योद्धा अखिलेश कुमार योगी कइलें। उ कहलें कि अब फेर से नियमित साप्ताहिक बैठक कइल जाई।
अखिलेश कुमार योगी अपना संबोधन में कहलें कि संघ अन्याय अत्याचार भ्रष्टाचार के खिलाफ आवाज उठावेला आ नवहन के जागरूक करेला। नसा मुक्त समाज के स्थापना करेला आ सरकार के योजनन के जन-जन तक पहुंचावे के काम करेला। उ कहलें कि संघ नया पदाधिकारियन के जोड़े के काम करी जवना से जिला के रिक्त पदन के भरल जा सके।
एह अवसर पs जिला के महिला प्रकोष्ठ के जिला मंत्री सोनी देवी, पूर्व महामंत्री नीलम तिवारी, उदय प्रताप, राजेश कुमार, सुनीता भारती, पीयूष कुशवाहा, अनीता देवी, सुनीता देवी, इंदु गुप्ता, सत्यम कुशवाहा, विनीता कुमारी, सरिता देवी, हरीश पाल, अनीता गौतम आदि लोग उपस्थित रहे।
Read Also: IND vs ENG : राहुल-सुदर्शन के साझेदारी से भारत के बढ़त मजबूत, बुमराह के पंजा से भारत के वापसी