[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News : गोरखपुर से आवे-जाये वाली ट्रेनन के स्टॉपेज भइल चेंज; 30 जून से 4 जुलाई तक जरवल रोड- करैनलगंज स्टेशन पs ना रुकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। गोरखपुर से यात्रा करे वालन के परेसानी अब बढ़ सकत बा। दरअसल, पूर्वोत्तर रेलवे के गोंडा-बाराबंकी खंड पs तीसरका लाइन निर्माण कार्य के कारण गोरखपुर से संबंधित कइयन ट्रेनन के संचालन में चेंज कइल गइल बा। कुछ ट्रेनन के स्टॉपेज अस्थायी रूप से हटावल गइल बा, जबकि कुछ ट्रेन आंशिक रूप से निरस्त कइल गइल बा। ई चेंज 30 जून से 04 जुलाई के बीच रही।

गोरखपुर से जुड़ल ई ट्रेन रही प्रभावित

गाड़ी संख्या 15081 – गोरखपुर-गोमती नगर एक्सप्रेस

    • तारीख: 30 जून से 04 जुलाई, 2025
    • असर: जरवल रोड आ करैनलगंज स्टेशनन पs स्टॉपेज ना होई

    गाड़ी संख्या 15082 – गोमती नगर-गोरखपुर एक्सप्रेस

      • तारीख: 30 जून से 04 जुलाई, 2025
      • असर: जरवल रोड आ करैनलगंज स्टेशनन पs स्टॉपेज ना होई

      गाड़ी संख्या 15031 – गोरखपुर-लखनऊ जं. एक्सप्रेस

        • तारीख: 30 जून से 04 जुलाई, 2025
        • असर: जरवल रोड स्टेशन पs स्टॉपेज ना होई

        गाड़ी संख्या 15032 – लखनऊ जं.-गोरखपुर एक्सप्रेस

          • तारीख: 30 जून से 04 जुलाई, 2025
          • असर: जरवल रोड स्टेशन पs स्टॉपेज ना होई

          गाड़ी संख्या 11079 – लोकमान्य तिलक टर्मिनस-गोरखपुर एक्सप्रेस

            • तारीख: 03 जुलाई, 2025
            • असर: जरवल रोड आ करैनलगंज स्टेशनन पs स्टॉपेज ना होई

            रेलवे प्रशासन यात्रियन से अपील कइले बा कि उ यात्रा से पहिले संबंधित ट्रेनन के इस्थिति के जानकारी जरूर ले लीं, ताकि असुविधा से बचल जा सके। गोरखपुर स्टेशन पs हेल्पलाइन आ पूछताछ केंद्रन पs विस्तृत सूचना उपलब्ध करावल जा रहल बा।

            Read Also: सारण के मशरक CHC प्रभारी डॉ. संजय कुमार निलंबित:फर्जी जन्म प्रमाण पत्र जारी करे आ दवाइयन के दुरुपयोग के आरोप, जीवन निर्वाह भत्ता मिली

            [the_ad_placement id="below-content"]

            Share this article

            Facebook
            Twitter X
            WhatsApp
            Telegram
             
            [the_ad_placement id="sidebar-1st"]
            [the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
            [the_ad_placement id="sidebar-3rd"]