[the_ad_group id="30365"]

Vande Bharat Express : पहिला बेर गोरखपुर से 375 यात्रियन के लेके पाटलिपुत्र खातिर रवाना भइल वंदे भारत एक्सप्रेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। गोरखपुर से पाटलिपुत्र के बीच चले वाली वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन पहिला बेर अतवार के सबेरे करीब 375 यात्रियन के लेके रवाना भइल। ट्रेन के रवाना होत घरी यात्रियन में उत्साह देखल गइल आ कइयन गो यात्री आउर स्टाफ एह पल के कैमरा में कैद करत सेल्फियो लिहल।

सबेरे 5:46 बजे गोरखपुर स्टेशन से भइल प्रस्थान

वंदे भारत एक्सप्रेस अतवार के सबेरे ठीक 5:46 बजे गोरखपुर रेलवे स्टेशन के प्लेटफार्म नंबर नौ से पाटलिपुत्र खातिर रवाना भइल। ट्रेन के लोको पायलट अरुण कुमार, सहायक लोको पायलट विजय कुमार आ ट्रेन मैनेजर आरए यादव द्वारा संचालित कइल गइल।

बिना कवनो औपचारिक समारोह के भइल रवाना

हालांकि, ट्रेन के पहिला दिन के यात्रा के दौरान कवनो विशेष उद्घाटन समारोह ना आयोजित कइल गइल, एकरा बादो यात्रियन में वंदे भारत के लेके खासा उत्साह देखे के मिलल। लोग ट्रेन के गति, सुविधा आ स्वच्छता के सराहना कइल।

प्रधानमंत्री मोदी 19 जून के कइले रहस सुभारंभ

19 जून के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सीवान में एगो जनसभा के दौरान पाटलिपुत्र से गोरखपुर तक चले वाली वंदे भारत एक्सप्रेस के वर्चुअल रूप से हरी झंडी दिखाके सुभारंभ कइले रहस। ई ट्रेन गोरखपुर से सबेरे 5:45 बजे चलके दुपहरिया 12:45 बजे पाटलिपुत्र जंक्शन पहुंची।

Read Also: Vande Bharat Express : पहिला बेर गोरखपुर से 375 यात्रियन के लेके पाटलिपुत्र खातिर रवाना भइल वंदे भारत एक्सप्रेस

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]