‘आप’ के हार के बाद दिल्ली सचिवालय सील: फाइल, कंप्यूटर डाटा चोरी होखे के डर! उपराज्यपाल के आदेस पs भइल एक्शन

'आप' के हार के बाद दिल्ली सचिवालय सील: फाइल, कंप्यूटर डाटा चोरी होखे के डर! उपराज्यपाल के आदेस पs भइल एक्शन

Share

दिल्ली विधानसभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) बड़ बहुमत के ओर बिया। भाजपा आम आदमी पार्टी (आप) के दिल्ली में जीत के चउका लगावे से रोक देलस। अभी तक के रुझान बता रहल बा कि भाजपा इहां 27 साल बाद सत्ता में वापसी करी। दिल्ली के पूर्व मुख्यमंत्री आ आप के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल से लेके पूर्व उप मुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया तक चुनाव हार गइल बा।

दुपहरिया 4:20 बजे तक भाजपा तीन सीटन पs जीत दर्ज कs चुकल बिया, 18 सीटन पs बढ़त बनावल गइल। दिल्ली में बहुमत के आंकड़ा 36 बा। जवना से भाजपा आसानी से पार करत नजर आ रहल बा। दिल्ली में सत्ता परिवर्तन के लहर के देखत उपराज्यपाल वीके सक्सेना के निरदेस पs दिल्ली सरकार के सामान्य प्रशासन विभाग (जीएडी) एगो आदेस जारी कइले बा।

एमे सचिवालय के दस्तावेजन के सुरक्षा संबंधी चिंतन के जिकिर करत कहल गइल बा कि विभाग की अनुमति के बिना कवनो फाइल, दस्तावेज, कंप्यूटर हार्डवेयर आदि दिल्ली सचिवालय परिसर के बाहर नइखे ले जाइल जा सकत बा। संगही सब विभागन, एजेंसियन आ मंत्रिपरिषद के कैंप कार्यालयन के निरदेस दिहल गइल बा कि ऊ विभाग के अनुमति के बिना कवनो रिकॉर्ड भा फाइल ना हटावे।

Read Also: Milkipur By-Election Result: अयोध्या के मिल्कीपुर में BJP के चंद्रभानु पासवान 61 हजार वोटन से जीतलें, सपा प्रत्याशी आपन बूथ तक हरलें

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-