Breaking: बीजापुर में बड़ नक्सल एनकाउंटर: 12 से जादे नक्सलियन के मारल जाये के खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 9, 2025

सेंट्रल डेस्क: त्रिस्तरीय पंचायत चुनाव से ठीक पहिले बीजापुर के नेशनल पार्क इलाका में पुलिस आ नक्सलियन के बीच बड़ मुठभेड़ भइल बा। एह मुठभेड़ में 12 से जादे नक्सलियन के मारे जाये के खबर

Share

Breaking: बीजापुर में बड़ नक्सल एनकाउंटर: 12 से जादे नक्सलियन के मारल जाये के खबर

सेंट्रल डेस्क: त्रिस्तरीय पंचायत चुनाव से ठीक पहिले बीजापुर के नेशनल पार्क इलाका में पुलिस आ नक्सलियन के बीच बड़ मुठभेड़ भइल बा। एह मुठभेड़ में 12 से जादे नक्सलियन के मारे जाये के खबर बा। हालांकि खबर लिखल जये तक घटना के आधिकरिक पुष्टि नइखे हो पाइल।

सूत्रन से मिलल जानकारी के मोताबिक, बीजापुर जिला में महाराष्ट्र सीमा से लागल नेशनल पार्क इलाका में डीआरजी, एसटीएफ आ बस्तर फाइटर के जवानन के संयुक्त टीम के संगे नक्सलियन के बड़ मुठभेड़ भइल बा। एह मुठभेड़ में जवान 12 से जादे नक्सलियन के ढेर कs देले बा लो। ई मुठभेड़ छत्तीसगढ़ के बीजापुर जिला से लागल महाराष्ट्र सीमा पs नेशनल पार्क इलाका में सबेरे से जारी बा।

Read Also: Gorakhpur News: 29 आ 30 मार्च के आयोजित होई पुरवाई लोकोत्सव, ब्रोशर के भइल लोकार्पण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.