Delhi Bomb Threat : दिल्ली के छव गो स्कूलन के बम से उड़ावे के धमकी के आइल ईमेल, मचल हड़कंप; खाली करावल गइल कैंपस

Delhi schools evacuated after bomb threat email, police on high alert

Share

नई दिल्ली। राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली के स्कूलन के बम से उड़ावे के धमकी (Delhi Bomb Threat) मिले के सिलसिला थमत नइखे। बियफे के दिल्ली के स्कूलन के एक बेर फेर उड़ावे के धमकी मिलल बा। बतावल जा रहल बा कि दिल्ली के द्वारका सेक्टर-5 आ प्रसाद नगर सहित छव स्कूलन के ईमेल भेजके बम के धमकी दिहल गइल बा। सूचना मिलतही दिल्ली पुलिस आ अग्निशमन विभाग मवका पs पहुंचल बा। एहतियात के तौर पs स्कूल परिसर के खाली करा दिहल गइल बा। लईकन के वापस घरे भेज दिहल गइल बा।

दिल्ली अग्निशमन विभाग के मोताबिक, अलग-अलग जगहन पs स्कूल में बम के धमकी के जानकारी मिलल बा। एकरा बादे से दिल्ली पुलिस आ फायर के टीम मवका पs मवजूद बाड़ी सs। पुलिस आ आउर आपातकालीन एजेंसी तलाश अभियान सुरू कs देले बाड़ी सs। प्रसाद नगर इस्थित आंध्र एजुकेशन सोसाइटी सीनियर सेकेंडरी स्कूल, द्वारका सेक्टर 5 इस्थित बीजीएस इंटरनेशनल पब्लिक स्कूल, छावला इस्थित राव मान सिंह सीनियर सेकेंडरी स्कूल, द्वारका सेक्टर 1 इस्थित मैक्सफोर्ट स्कूल आ द्वारका सेक्टर 10 इस्थित इंद्रप्रस्थ इंटरनेशनल स्कूल सहित छव स्कूलन के आज बम से उड़ावे के धमकी मिलल।

Delhi Bomb Threat : काल्ह 55 से जादे स्कूलन के मिलल रहे धमकी

एकरा पहिले बुध के दिल्ली के 55 से जादे स्कूलन के बुध के ईमेल के माध्यम से बम के धमकी मिलल रहे। एमे द्वारका इस्थित राहुल मॉडल स्कूल आ मैक्सफोर्ट स्कूल, मालवीय नगर इस्थित एसकेवी आ प्रसाद नगर इस्थित आंध्रा स्कूल सामिल बा। पुलिस आ आउर आपातकालीन एजेंसी तलाश अभियान सुरू कइली सs। हालांकि, कवनो स्कूल में तलाशी लेला के बादो कुछ संदिग्ध ना मिलल।

ओहिजा, एकरा पहिले 18 अगस्त के दिल्ली के 32 स्कूलन के एही तरे के धमकी (Delhi Bomb Threat) मिलल रहे। एकरा पहिले दिल्ली के द्वारका के सेंट थॉमस स्कूल आ दिल्ली विश्वविद्यालय के सेंट स्टीफन कॉलेज के बम से उड़ावे के धमकी मिलल रहे। पिछिला साल मई में स्कूलन के धमकी भरल मेल मिलल रहे। मई 2024 में डीपएस द्वारका सहित कइयन गो स्कूलन के एही तरे के धमकी भरल ईमेल मिलल रहे।

Read Also : Asia Cup Hockey : एशिया कप खातिर भारतीय हॉकी टीम के एलान, लाकड़ा आ दिलप्रीत के मिलल जगह; देखी स्क्वॉड

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-