BS Reddy : विपक्ष के उम्मीदवार रेड्डी आज करिहें नामांकन, खरगे बोललें- उपराष्ट्रपति चुनाव कवनो प्रतियोगिता ना

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 21, 2025

नई दिल्ली। कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे उपराष्ट्रपति पद के विपक्षी गठबंधन के उम्मीदवार बी सुदर्शन रेड्डी के बुध के घटक दलन के नेता लोगन से परिचय करववलें। संसद के केंद्रीय कक्ष में खरगे के संगे

Share

नई दिल्ली। कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे उपराष्ट्रपति पद के विपक्षी गठबंधन के उम्मीदवार बी सुदर्शन रेड्डी के बुध के घटक दलन के नेता लोगन से परिचय करववलें। संसद के केंद्रीय कक्ष में खरगे के संगे पहुंचल सुदर्शन के स्वागत करे खातिर कांग्रेस संसदीय दल के प्रमुख सोनिया गांधी सहित आउर विपक्षी दलन के नेता मवजूद रहे लोग। उनका संगे भइल बैठक में गठबंधन के सब सहयोगी आपन पक्ष रखल लो।

सुदर्शन बियफे के आपन नामांकन पत्र दाखिल करिहें। खरगे कहलें कि बी सुदर्शन रेड्डी उपराष्ट्रपति पद के विपक्ष के संयुक्त उम्मीदवार बाड़ें। उ कहलें, उपराष्ट्रपति चुनाव खाली एगो पद खातिर प्रतियोगिता नइखे। ई हमनी के राष्ट्र के आत्मा खातिर एगो वैचारिक लड़ाई हs। जहां सत्तारूढ़ दल आरएसएस के विचारधारा के चुनले बा, ओहिजा हमनी के संविधान आ ओकर मूल्यन के आपन मार्गदर्शक मानत बानी सs।

रेड्डी अइसन समय में उपराष्ट्रपति पद खातिर उम्मीदवार बाड़ें जब लोकतांत्रिक संस्था अखंडता अभूतपूर्व चुनौतियन के सामना कs रहल बाड़ी सs। खरगे कहलें कि संसद में विपक्ष के आवाज के दबावे के प्रवृत्ति बढ़त जा रहल बा। संसद सत्तारूढ़ दल के विचारधारा के आगे बढ़ावे के एगो उपकरण के रूप में काम कs रहल बिया। कइयन गो महत्वपूर्ण विधेयक बिना उचित विचार-विमर्श के पारित कइल जा रहल बा। ओहिजा, शिवसेना यूबीटी के सांसद संजय राउत कहलें, विपक्ष के एकता अखंड बा। हमनी के लगे सुदर्शन बाड़ें, एहिसे कौरवन (एनडीए) के हार सुनिश्चित बा। बैठक के दौरान राहुल गांधी अपना बिहार यात्रा के जिकिर कइलें आ सुदर्शन के विपक्षी एकता के जीत के आधार बतवलें।

विपक्षी गठबंधन चुनाव के बारीकियन से सदस्यन के परिचित करावे खातिर 8 सितंबर के मॉक पोल के आयोजन करी। एकर मकसद सब सदस्यन के उप राष्ट्रपति चुनाव में अपना मताधिकार के प्रयोग करे के जानकारी देहल बा।

विधेयकन के कइल लाे विरोध

बैठक में संसदीय लोकतंत्र आ संघवाद के मूल मूल्यन के कमजोर करे वाला संविधान संशोधन विधेयक के लेके विपक्षी सांसद विरोध दर्ज करावल लो। खरगे एकरा के सत्र के अंत में रखे के निंदा कइलें। बैठक में टीएमसी, सपा, एनसीपी (एसपी), टीएमसी, आरजेडी, जेएमएम, शिवसेना यूबीटी, केरल कांग्रेस एम, आईयूएमएल, द्रमुक, वाम दलों सहित इंडिया गठबंधन के आउर दल सामिल रहल।

Read Also: Share Market : रिलायंस आ आईसीआईसीआई बैंक के शेयरन में खरीदारी, सुरुआती कारोबार में उछलल शेयर बाजार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.