पहलवान साक्षी मलिक, बजरंग पुनिया समेत 109 लोगन पs दर्ज FIR वापस ली दिल्ली पुलिस
दिल्ली पुलिस 28 मई के नया संसद भवन के उद्घाटन के दौरान जंतर मंतर पs उपद्रव करे के ममिला में पहलवानन समेत 109 प्रदर्शनकारियन के खिलाफ एफआईआर के वापस ली। एक दु दिन में एफआईआर रद्द हो जाई।
28 मई के नया संसद भवन के उद्घाटन के दौरान जंतर मंतर पs उपद्रव करे के ममिला में पहलवानन समेत 109 प्रदर्शनकारियन पs दर्ज एफआईआर दिल्ली पुलिस रद्द करी। दिल्ली पुलिस के सूत्रन के कहनाम बा कि दर्ज कइल गइल एफआईआर एक दु दिन में रद्द कs दिहल जाई।
109 लोगन पs दर्ज भइल रहे FIR
पुलिस एह ममिला में बजरंग पूनिया, साक्षी मलिक, विनेश फोगाट, संगीता फोगाट समेत आयोजकन आ जंतर मंतर से हिरासत में लिहल गइल सभे 109 लोगन के खिलाफ मुकदमा दर्ज कइले रहे। पुलिस प्रदर्शनकारियन के खिलाफ दंगा करे के अलग-अलग धारा, लोक सेवक के वैधानिक काम में बाधा उत्पन्न करने, लोक सेवक के वैधानिक आदेस के अवहेलना करे, लोक सेवकन के संगे मारपीट करे आ सरकारी संपत्ति के नुकसान पहुंचावे के अलग-अलग धारा के तहत मुकदमा दर्ज कइले रहे।
प्रदर्शनकारियन के पुलिस से भइल रहे झड़प
पहलवान 28 मई के नया संसद भवन के इमारत के उद्घाटन के दौरान संसद के लगे महिला महापंचायत के आयोजन करे के घोषणा कइले रहे लो। पुलिस एकर अनुमति ना देले रहे। एही के लेके प्रदर्शनकारी जंतर मंतर से संसद भवन के ओरि कूच कइल लो। एह दौरान प्रदर्शनकारियन के पुलिस से झड़प भइल।
करीब 800 समर्थक हिरासत में लिहल गइल रहे लो
एह ममिला में पुलिस जंतर मंतर से 109 महिला आ पुरुष पहलवानन समेत ओह लोगन के समर्थकन के हिरासत में लेले रहे। समूचा दिल्ली से करीब 800 समर्थकन के हिरासत में लिहल गइल। देर सांझ पहिले सब महिला पहलवानन के छोड़ दिहल गइल, ओकरा बाद बाकी लोगन के छोड़ दिहल गइल। सभे के सख्त हिदायत दिहल गइल कि ऊ दोबारा जंतर-मंतर पs धरना ना दी लो।
दिल्ली पुलिस दाखिल कइलस चार्जशीट
बता दीं कि छव गो बालिग महिला पहलवानन के यौन शोषण के ममिला में बृजभूषण सिंह के खिलाफ दिल्ली पुलिस राऊज एवेन्यू कोर्ट में करीब 1500 पन्नन के चार्जशीट दाखिल कइले बिया। पुलिस के चार्जशीट में खाली 19 गवाहन के रखल गइल बा, जेमें पीड़ित पहलवान, उनकर रिश्तेदार, तत्कालीन कोच, तत्कालीन फिजियोथेरेपिस्ट, मसाजर, को-रेसलर, आयोजक, रेसलिंग फेडरेशन ऑफ इंडिया के कर्मचारी आ आम लोग आदि सामिल बा।
Comments are closed.