Delhi Services Bill: राज्यसभा में दिल्ली सेवा बिल पास, पक्ष में 131 आ विरोध में पड़ल 102 वोट

Share

राज्यसभा में दिल्ली सेवा बिल के लेके पक्ष आ विपक्ष के जोरदार बहस के बाद विधेयक पास कs दिहल गइल बा। समाचार एजेंसी पीटीआई द्वारा दिहल गइल जानकारी के मोताबिक बिल के पक्ष में कुल 131 वोट पड़ल। जबकि एकरा विरोध में खाली 102 वोट डालल गइल। एकरा पहिले सदन में बिल के लेके चरचा के दौरान जमके हंगामा भइल।

सोमार के राज्यसभा में दिल्ली आध्यादेश से जुड़ल बिल के चरचा खातिर ले आवल गइल रहे। एह दौरान विपक्ष के आरोपन के जवाब देत गृह मंत्री अमित शाह कहलें कि एह बिल के उद्देश्य दिल्ली में सुचारू रूप से भ्रष्टाचार मुक्त शासन बा। बिल के एको प्रावधान से, पहिले जवन बेवस्था रहे, ओह बेवस्था में एको इंच मात्र परिवर्तन नइखे हो रहल।

ट्रांसफर पोस्टिंग के लेके कबो झगड़ा ना भइल 

अमित शाह कहलें कि कइयन बेर केंद्र में कांग्रेस के सरकार रहे तs दिल्ली में भाजपा के सरकार रहे, कइयन बेर केंद्र में भाजपा के सरकार रहे तs दिल्ली में कांग्रेस के, ओह समय ट्रांसफर पोस्टिंग के लेके कबो झगड़ा ना भइल। ओह समय एही बेवस्था से निर्णय होखे आ कवनो मुख्यमंत्री के दिक्कत ना भइल। कई सदस्यन द्वारा बतावल गइल कि केंद्र के शक्ति हाथ में लेवे के बा। हमनी के शक्ति लेवे के जरूरत नइखे काहेकि 130 करोड़ जनता हमनी के शक्ति देले बिया।

बिल शक्ति के केंद्र में ले आवे के कवायद

अमित शाह कहलें कि ई बिल शक्ति के केंद्र में ले आवे खातिर ना, बलुक केंद्र के दिहल शक्ति पs दिल्ली UT के सरकार अतिक्रमण करत बिया, एकरा के वैधानिक रूप से रोके खातिर ई बिल लेके आइल बानी सs। ऊ कहलें कि संविधान सभा में सबसे पहिला संविधान संशोधन पारित कइल गइल रहे। तब से संविधान के बदले के प्रक्रिया चल रहल बा। हमनी के संविधान में बदलाव आपातकाल डाले खातिर नइखी ले आइल सs। हमनी के संविधान में बदलाव ओह समय के तत्कालीन प्रधानमंत्री के सदस्यता के पुनर्जीवित करे खातिर नइखी सs ले आइल।

मणिपुर पs चरचा खातिर हमनी के तईयार

गृह मंत्री आम आदमी पार्टी पs निशाना साधत कहलें कि सतर्कता विभाग में अधिकारियन के तबादला कs दिहल गइल काहेकि ‘आबकारी घोटाला’ से संबंधित फाइल उहां पड़ल रहे। ओहिजा मणिपुर पs चरचा के लेके विपक्ष के हंगामा के जवाब देत ऊ कहलें कि हम मणिपुर पs चरचा खातिर तईयार बानी, हमरा लगे छिपावे खातिर कुछ नइखे। रउवे लोग लगे लगे छिपावे खातिर कुछ बा कि रउआ चरचा नइखी होखे दे रहल। जदि खरगे जी 11 अगस्त के चरचा खातिर हां कहत बाड़ें, तबो हम एकरा खातिर तईयार बानी।

विपक्षी एकता पs शाह के निशाना

विपक्षी एकता पs निशाना साधत शाह कहलें कि कांग्रेस के विरोध के बाद आम आदमी पार्टी के जनम भइल। आम आदमी पार्टी कांग्रेस के खिलाफ लगभग तीन टन आपत्तिजनक शब्दन के इस्तेमाल कइसलस आ अस्तित्व में आइल आउर आज उ एह बिल के विरोध में कांग्रेस से समर्थन मांग रहल बिया। जवना घरी वक्त ई बिल पास होई, अरविंद केजरीवाल जी पलट जइहें, ठेंगा दिखइहें आउर कुछ नइखे होखे वाला।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-