[the_ad_group id="30365"]

राहुल गांधी के सांसदी बहाल: लोकसभा सचिवालय अधिसूचना जारी कइलस, 136 दिन बाद संसद में दोबारा जा सकिहें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राहुल गांधी के लोकसभा सदस्यता बहाल हो गइल बा। लोकसभा सचिवालय मंगर के अधिसूचना जारी कइलस। ऊ केरल के वायनाड से सांसद बाड़ें। राहुल आजे संसद पहुंच सकत बाड़ें आ लोकसभा के कार्यवाही में सामिल होइहें। ओने, एह फैसला के बाद कांग्रेस कार्यकर्ता जश्न मनावल लो।

मोदी सरनेम मानहानि केस में राहुल के 23 मार्च के निचली अदालत 2 साल के सजा सुनवले रहे। एकरा 24 घंटे में 24 मार्च के उनकर सांसदी चल गइल रहे। एकरा बाद गुजरात हाईकोर्ट ने सजा के बरकरार रखले रहे। राहुल एकरा खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में याचिका लगवले रहलें।।134 दिन बाद 4 अगस्त के कोर्ट एह केस में राहुल के सजा पs रोक लगा देले रहे।

भाजपा सांसद के सजा, आज सांसदी जा सकत बा

रामशंकर कठेरिया

इटावा से भाजपा सांसद रामशंकर कठेरिया के MP/MLA कोर्ट (5 अगस्त) 2 साल के जेल आ 50 हजार जुर्माना के सजा सुनवलस। उनका के बिजली सप्लाई करे वाली कंपनी के टोरंट अधिकारी से मारपीट आ बलवा करे के दोषी करार दिहल गइल। कठेरिया केंद्रीय राज्यमंत्री रह चुकल बाड़ें। घटना के समय ऊ आगरा के सांसद रहस। ममिला 16 नवंबर 2011 के हs। 2 साल के सजा होखला के बाद कठेरिया के संसद के सदस्यता जा सकत बा। एहू पs आज स्पीकर फैसला ले सकत बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]