Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली-एनसीआर में बढ़sता कोरोना: नोएडा-गाजियाबाद के बाद दिल्ली के कई स्कूल में संक्रमित मिलले लइके अउर मास्टर

स्कूल कइल गइल बंद

337

गाजियाबाद अउर नोएडा में स्कूली छात्र अउर मास्टरन के कोरोना संक्रमित पावल गइले के बाद अब दिल्ली के कुछ निजी स्कूल में मास्टर अउर छात्रन के संक्रमित होखले के खबर बा। एकरे चलते स्कूल के बंद कs के छात्रन के छुट्टी पर भेज देहल गइल।

दिल्ली के कुछ स्कूल में संक्रमित भइले मास्टर त कहीं छात्र

एनसीआर के स्कूलों में कोरोना संक्रमण के मामला सामने अइले के बाद अब दिल्ली के स्कूल में केस मीले लागल बा। गंगाराम रोड से नामी निजी स्कूल में एगो मास्टर संक्रमित हो गइल बाने। प्रबंधन सतर्कता बरतत स्कूल के बंद कs देहले बाने। स्कूल प्रशासन के मंगलवार के एगो मास्टर के संक्रमित होखले के जानकारी मिलल रहल, एहलिए बुधवार के स्कूल बंद रहल। कौनो दूसर मास्टर अउर छात्र में संक्रमण के मामला अभिन सामने नाइ आइल बा। स्कूल के अब सोमवार के खोलल जाई। उहवें, दक्षिणी दिल्ली के एक स्कूल में भी मास्टर अउर छात्रन के संक्रमित होखले के जानकारी सामने आइल बा। एह स्कूल को फिलहाल बंद कइल गइल बा।

चार मार्च के बाद दिल्ली में मिलल सबसे ढेर कोरोना मरीज

दिल्ली में कोरोना संक्रमण के प्रसार फिर से बढ़त दिखाई दे रहल बा। राजधानी में बीतल चार मार्च के बाद पहिला बेर सबसे बेसी कोरोना मरीज सामने आइल बा। बुधवार के स्वास्थ्य विभाग बतवलस कि पिछले एक दिन में 299 लोग कोरोना संक्रमित मिलल बाने। एसे पहिले चार मार्च के 300 से बेसी मामला सामने आइल रहल लेकिन ओकरे बाद एकर संख्या में लगातार गिरावट दर्ज कइल गइल रहल।

विभाग के अनुसार बीतल एक दिन में 12022 नमूना के जांच में 2.49 फीसदी कोरोना संक्रमित मिलल बाने। एह दौरान 173 मरीजन को छुट्टी देहल गइल। एही के संगे राजधानी में कोरोना के कुल मामला बढ़ के 18,66,881 भइल जेमे 18,39,909 मरीज ठीक भइने लेकिन 26158 मरीजन के अब ले संक्रमण से मौत हो गइल।
स्वास्थ्य विभाग के अनुसार बीतल एक दिन में कोरोना के सक्रिय मामला में काफी उछाल आइल बा। एकर संख्या अब 814 भइल जेमें 504 मरीज अपने घर में आइसोलेशन में बाने। उहवें 11 मरीज अस्पताल में भर्ती बाने। उहवें अस्पताल में 32 मरीज कोरोना संदिग्ध बाने। एकरे अलावा राजधानी में कंटेनमेंट जोन के संख्या 716 के पहुंच गइल बा।

241450cookie-checkदिल्ली-एनसीआर में बढ़sता कोरोना: नोएडा-गाजियाबाद के बाद दिल्ली के कई स्कूल में संक्रमित मिलले लइके अउर मास्टर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.