[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली शराब घोटाला केस: सीएम केजरीवाल के आजु मिली राहत? कोर्ट में पेश करीं सीबीआई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आज सीबीआई शराब नीति घोटाला के मामिला में दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के राउज एवेन्यू कोर्ट में पेश करी।  शराब घोटाला के मामिला में सीबीआई केजरीवाल के गिरफ्तार कs लेले रहे अवुरी कोर्ट केजरीवाल के तीन दिन के सीबीआई रिमांड पs भेजल गईल रहे, जवन कि शनिचर के सीबीआई के रिमांड खतम होखे वाला बा अवुरी जांच एजेंसी आज उनुका के कोर्ट में पेश करी। सीबीआई कोर्ट से केजरीवाल के पांच दिन के रिमांड देवे के कहले रहे। बाकिर कोर्ट केजरीवाल के सीबीआई रिमांड पs तीन दिन खातीर भेजे के आदेश देले रहे।

बता दीं कि एकरा से पहिले 20 जून के शराब घोटाला से जुड़ल मनी लांड्रिंग के मामिला में निचला अदालत केजरीवाल के जमानत दे देले रहे। जवना के बाद ईडी निचला अदालत के एs फैसला के दिल्ली हाईकोर्ट में चुनौती देले रहे अवुरी हाईकोर्ट निचला अदालत के जमानत के फैसला पs अंतरिम रोक लगा देले रहे।

आज आम आदमी पार्टी देश भर में विरोध प्रदर्शन करी

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के सीबीआई गिरफ्तार कs लिहले बा. एकरा खिलाफ आम आदमी पार्टी शनिचर के सड़क पs उतर के देश भर में विरोध प्रदर्शन करी।  आम आदमी पार्टी के कहनाम बा कि शराब के मामिला में निचला अदालत अरविंद केजरीवाल के जमानत दे देले रहे अवुरी ठीक अगिला दिने ईडी हाईकोर्ट पहुंच के केजरीवाल के जमानत पs रोक ले लेलस। एह मामिला में जमानत पs रोक हाईकोर्ट हटावे वाला रहुवे जब सीबीआई केजरीवाल के गिरफ्तार कs लिहलस.

ईडी 9वां सप्लीमेंट्री चार्जशीट दायर कइलस

एकरा संगे ईडी शराब घोटाला के मामिला में नौवां पूरक आरोप पत्र राउज एवेन्यू कोर्ट में दायर कईले बिया, जवना में विनोद चौहान के आरोपी बनावल गईल बा। इs आरोप विनोद चौहान के खिलाफ बा अभिषेक बोनापिल्लई के निर्देश पs दिनेश अरोड़ा विनोद चौहान के दु नोट से भरल बैग पहुंचवले रहले, विनोद चौहान इs पईसा आम आदमी पार्टी के गोवा चुनाव खातीर देले रहले। एह बात के खुलासा साउथ लॉबी के कविता के एगो स्टाफ सदस्य कइले बाड़न. जेकरा बाद विनोद चौहान के ईडी के ओर से शराब घोटाला के 18वां आरोपी बनावल गईल।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]