[the_ad_group id="30365"]

RCB vs DC: जीत के हैट्रिक के संगे प्लेऑफ में पहुंचे वाली पहिला टीम बनल दिल्ली, आरसीबी चउथा पायदान पs खिसकल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (आरसीबी) के नौ विकेट से हराके दिल्ली कैपिटल्स प्लेऑफ खातिर क्वालिफाई कs लेलस। एही के संगे मेग लैनिंग के नेतृत्व वाली टीम प्लेऑफ में पहुंचे वाली पहिला टीम बन गइल। सनीचर के बंगलुरु में खेलल गइल एह मुकाबला में आरसीबी एलिस पेरी के अर्धशतकीय पारी के बदौलत 20 ओवर में पांच विकेट खोके 147 रन बनवलस। जवाब में दिल्ली 15.3 ओवर में एक विकेट खोके 151 रन बनवलस आ 27 गेना बाकी रहते मुकाबला अपना नावे कs लेलस।

सात में से पांच मैच जीतल दिल्ली

दिल्ली कैपिटल्स तीसरका बेर प्लेऑफ खातिर क्वालिफाई कइले बिया। पिछला संस्करण में टीम आरसीबी के खिलाफ फाइनल मुकाबला खेलले रहे, बाकिर ओकरा हार के सामना करे के पड़ल रहे। महिला प्रीमियर लीग के तीसरका संस्करण में दिल्ली सात मैचन में पांच मुकाबला जीतले बिया। टीम 10 अंक आ 0.482 के नेट रन रेट के संगे तालिका में शीर्ष पs बा। ओहिजा, आरसीबी चार अंक आ -0.244 के नेट रन रेट के संगे चउथा पायदान पs पहुंच गइल बिया। अब दिल्ली के लीग स्टेज पs आपन अंतिम मुकाबला गुजरात जाएंट्स के खिलाफ खेले के बा। ई मैच सात मार्च के खेलल जाई।

महिला प्रीमियर लीग 2025 के अंक तालिका

टीममैच जीतलहारलअंक नेट रन रेट 
दिल्ली कैपिटल्स (Q)752100.482
मुंबई इंडियंस 53260.166
यूपी वॉरियर्स 5234-0.124
रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु 6244-0.244
गुजरात जाएंट्स5234-0.450

दिल्ली लगावल जीत के हैट्रिक

आरसीबी के ई ओकरा घरेलू मैदान पs लगातार चउथा शिकस्त बा। एकरा पहिले ओकरा के मुंबई इंडियंस (चार विकेट से हारल), यूपी वॉरियर्स (सुपर ओवर में हारल) आ गुजरात जाएंट्स (छव विकेट) हरवले रहे। ओहिजा, दिल्ली कैपिटल्स लगातार तीन मुकाबला जीतल बा। मेग लैनिंग के टीम आरसीबी से पहिले मुंबई आ गुजरात के हरवले रहे।

मैच में का भइल?

लक्ष्य के पीछा करे उतरल दिल्ली कैपिटल्स के सुरुआत एह मुकाबला में खराब भइल। उनका के पहिला झटका रेणुका सिंह दिहल। ऊ एलिस पेरी के हाथन मेग लैनिंग के कैच आउट करवले रहस। ऊ खाली दु रन बना सकली। एकरा बाद के मोर्चा तीसरका नंबर पs बल्लेबाजी के आइल जेस जोनासन आ सलामी बल्लेबाज शेफाली वर्मा संभारल रहल लो। दुनो के बीच महिला प्रीमियर लीग के इतिहास के दूसरका सबसे बड़ (146) साझेदारी भइल। भारतीय बल्लेबाज 43 गेना में 80 रनन के नाबाद पारी खेलल जबकि जेस जोनासन 38 गेना में 61 रन बनवली।

एकरा पहिले, आरसीबी के एह मुकाबला में झटका के संगे सुरूआत भइल रहे। ओकरा पहिला झटका नव रन के स्कोर पs लागल। शिखा पांडे कप्तान स्मृति मंधाना के आपन शिकार बनवली। ऊ खाली आठ रन बना सकली। एकरा बाद मोर्चा डैनी व्याट आ हॉज संभारल लो। दुनो के बीच दूसरका विकेट खातिर 44 रन के साझेदारी भइल, जवना के मारिजन कप तुड़ली। ऊ हॉज के आपन शिकार बनवली। ऊ 18 गेना में 21 रन बनाके लवटली। फेर पेरी, राघवी बिष्ट के संगे 66 रन के साझेदारी निभवली। चरणी बिष्ट के साराह ब्राइस के हाथन कैच आउट करवली। 32 गेना में 33 रन बना सकल लो। उनका अलावे एह मुकाबला में ऋचा घोष पांच आ कनिका आहुजा दु रन बनवलें। ओहिजा, पेरी आ जॉर्जिया वेयरहम क्रमश: 60 आ 12 रन बनाके नाबाद रहली। दिल्ली खातिर शिखा पांडे आ श्री चरणी दु-दु विकेट खातिर जबकि मारिजन कप के एगो सफलता मिलल।

Read Also: शादी के दौरान बग्घी में उतरल 11000 वोल्ट के करंट, दु गो मजदूरन के मउत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]