Bihar Women’s ACT Hockey : थाईलैंड पs भारत के जीत में दीपिका के महत्वपूर्ण भूमिका, अगिला मुकाबला चीन के खिलाफ

बिहार महिला एशियन चैंपियंस ट्रॉफी मैच

Share

भारतीय महिला हॉकी टीम बिहार महिला एशियन चैंपियंस ट्रॉफी राजगीर 2024 के अपना तीसरका ग्रुप स्टेज मैच में थाईलैंड के 13-0 से हराके एगो बड़ जीत दर्ज कइलस। एह मुकाबला में 21 बरिस के फारवर्ड दीपिका सानदार प्रदर्शन करत भारत खातिर पांच गोल (3’, 19’, 43’, 45’, 45+’) कइली। एह मैच में लालरेमसियामी भारतीय महिला हॉकी टीम खातिर आपन 150 मैच पूरा कइके, जबकि प्रीति दुबे आ 50वां कैप हासिल कइली, जवन उनका खातिर एगो महत्वपूर्ण उपलब्धि रहल।

पहिला क्वार्टर में भारत जबरदस्त सुरुआत कइलस, जेमे दीपिका मैच के सुरुआती मिनट में गोल कs के भारत के खाता खोलली। थाईलैंड गेना के अपना लगे रखे के कोसिस कइल, बाकिर भारत लगातार आक्रमण कs के आपन पकड़ मजबूत बना के रखलस। प्रीति दुबे अपना 50वां मैच में गोल कs के भारत के बढ़त के दोगुना कs देली। लालरेमसियामी ने गोल कs के स्कोर के 3-0 कs देली।

दूसरका क्वार्टर में भारतीय टीम आपन आक्रामक खेल जारी रखलें। दीपिका आपन उत्कृष्ट फॉर्म जारी रखत एगो आ गोल दगली। ब्यूटी डुंगडुंग एगो पेनल्टी कॉर्नर से गोल कs के पहिला हाफ के अंत 5-0 के स्कोर के संगे कइलें।

तीसरका क्वार्टर में भारत के आक्रमण आउर तेज हो गइल। प्रीति दुबे आ दीपिका के लगातार गोलन से भारत अपना बढ़त के 9-0 तक पहुंचा देलस। चउथा क्वार्टर में नवनीत कौर, मनीषा चौहान आ लालरेमसियामी गोल कs के स्कोर के 13-0 तक पहुंचा दिहल लो, जवना से भारत एगो सानदार जीत दर्ज कइलस।

भारत के अगिला मुकाबला 16 नवंबर के सांझ 4:45 बजे चीन के खिलाफ होई। एह मैच के प्रसारण सोनी स्पोर्ट्स टेन 1 आ डीडी स्पोर्ट्स पs कइल जाई आ सोनीलिव पर लाइव स्ट्रीमिंगो उपलब्ध होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-