Chandrashekhar Azad: भीम आर्मी प्रमुख पs जानलेवा हमला, कमर में लागल गोली; SSP घटनास्थल पहुंचलें

Anurag Ranjan

उत्तर प्रदेश के देवबंद में भीम आर्मी चीफ चंद्रशेखर पs जानलेवा हमला भइल बा। उनका कमर में गोली लागल बा, घायल अवस्था में उनका के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। जानकारी के मोताबिक भीम आर्मी चीफ अपना कार से कवनो कार्यक्रम में जात रहस। एही दौरान उनका पs जानलेवा हमला कइल गइल। सूचना पs पुलिस मवका पs पहुंचल आ घटना के जांच पड़ताल कइल।

एसपी देहात सागर जैन बतवलें कि चंद्रशेखर आजाद देवबंद के गांधी कॉलोनी में केहू के लगे मिले गइल रहस। उहा से निकलत घरी दु गो जुवक उनका पs फायरिंग कइले सs, जेम छर्रन के लगला से ऊ जख्मी हो गइलें। हमलावर एगो कार में सवार होके फरार हो गइले सs। उपचार खातिर उनका के देवबंद के एगो निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। पुलिस हमलावरन के तलाश में लागल बिया। एसपी देहात के कहनाम बा कि अभी हमला के कारण आ हमलावरन के जानकारी नइखे भइल।

एसएसपी विपिन ताड़ा के कहनाम बा कि आजाद समाज पार्टी-कांशीराम के राष्ट्रीय अध्यक्ष चंद्र शेखर आजाद आ भीम आर्मी नेता के काफिला पs हथियारबंद लोग हमला कs दिहल। फायरिंग के दौरान हमलावरन के गोली चंद्रशेखर के छूती निकल गइल। हालांकि चिकित्सकन के मोताबिक ऊ खतरा से बाहर बा। हमलावरन के तलाश में पुलिस जुट गइल बिया। इहो जानकारी मिल रहल बा कि हमलावर हरियाणा नंबर के कार से आइल बा।

ओने भीम आर्मी चीफ पs जानलेवा हमला के खबर सुनतही उनका समर्थकन में खलबली मच गइल बा। एक दोसरा से चंद्रशेखर के हाल जाने खातिर समर्थक फोन मिलावत रहल लो।

चंद्रशेखर भाई पs भइल हमला एगो बड़ साजिश बा, एह तरे के घटना उत्तर प्रदेश के सुरक्षा बेवस्था पs बड़ सवाल खड़ा करत बा। जल्दी हमलावरन के गिरफ्तारी के मांग करत बा। हमनी के नेता के संगे समूचा देस के जनता खड़ा बिया। हमनी के कमजोर समझला के गलती मत करीं -पवन गुर्जर, जिला अध्यक्ष आजाद समाज पार्टी मेरठ

अभी तक के जानकारी के अनुसार हमलावरन के कार हरियाणा नंबर के रहे आ ओमे चार हमलावर सवार रहे लो। हमला में जहां चंद्रशेखर घायल भइल बा ओहिजा उनका कारो में गोली लागल बा। पुलिस अगल बगल के लोगन से पूछताछ कs रहल बिया। आसपास लागल सीसीटीवी कैमरा के फुटेजो जुटावल जा रहल बा। कइयन थानन के पुलिस मवका पs पहुंचके जांच में जुटल बिया।

ओहिजा, चंद्रशेखर पs हमला के खबर सुनतही उनका परिजनन में हड़कंप मच गइल बा। परिजन घटनास्थल के ओर दउड़ पड़ल। हालांकि चंद्रशेखर के हालत खतरा से बाहर बतावल गइल बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।