DC vs MI Live Streaming : दिल्ली-मुंबई के मुकाबला, फ्री में कइसे देखी IPL मैच?

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। दिल्ली कैपिटल्स आ मुंबई इंडियंस के बीच IPL 2026 के 8वां मैच 4 अप्रिल 2026 के दिल्ली के अरुण जेटली स्टेडियम में खेलल जाई।

दूनो टीम आपन अभियान जीत से सुरू कइले बाड़ी सs, एकरा से मुकाबला आउर रोमांचक होखे वाला बा। फैंस लोग एह मैच के बेसब्री से इंतजार करत बा।

कब आ कहां होई मैच?

ई मैच भारतीय समय अनुसार दुपहरिया 3:30 बजे से सुरू होई, जबकि टॉस 3:00 बजे होई।

कहां देख सकी लाइव मैच?

DC बनाम MI के लाइव टेलीकास्ट स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क पs देखल जा सकी। जदि रउआ मोबाइल पs देखल चाहत बानी, तs एह मैच के लाइव स्ट्रीमिंग जियो हॉटस्टार ऐप पs उपलब्ध रही।

हेड-टू-हेड रिकॉर्ड

IPL इतिहास में दिल्ली आ मुंबई के बीच अब तक 37 मैच भइल बा, जवना में मुंबई इंडियंस 21 मैच जीतले बा, जबकि दिल्ली कैपिटल्स 16 मैच में जीत हासिल कइले बा।

दूनो टीम के स्क्वाड

दिल्ली कैपिटल्स में केएल राहुल, अक्षर पटेल (कप्तान), कुलदीप यादव, मिशेल स्टार्क जइसन खिलाड़ी सामिल बा लाेग।

ओहिजा मुंबई इंडियंस में हार्दिक पंड्या (कप्तान), रोहित शर्मा, सूर्यकुमार यादव, जसप्रीत बुमराह जइसन स्टार खिलाड़ी बा लोग।

फ्री में कइसे देखी मैच?

जियो हॉटस्टार ऐप पs फैंस फ्री में लाइव मैच देख सकी लोग (कुछ शर्त के संगे), जवना के चलते मोबाइल यूजरन खातिर ई बढ़िया विकल्प बा। कुल मिलाके, DC vs MI के ई मुकाबला IPL 2026 के सबसे रोमांचक मैच में से एगो हो सकेला।

Read Also: West Bengal : मुर्शिदाबाद में प्रचार के दौरान अधीर रंजन चौधरी पs हमला, कांग्रेस के TMC पs आरोप

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-