Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

‘दलित पसमांदा तथा बहुजन : साहित्य और समाज का सच ” पर दू दिन के सेमीनार आज से

721

विमर्श केन्द्रित संस्था ‘आयाम’ द्वारा ” दलित पसमांदा तथा बहुजन : साहित्य और समाज का सच ” विषय पर दू दिन राष्ट्रीय सेमीनार के आयोजन 12-13 नवम्बर के प्रेस क्लब में कइल गइल बा।

‘आयाम ‘ के संयोजक कवि देवेन्द्र आर्य बतवलें कि सेमीनार मे दिल्ली से प्रोफेसर बजरंग बिहारी तिवारी, डा. अनीता भारती, डा. रामू सिद्धार्थ, वाराणसी से प्रोफेसर चौथीराम यादव, डा. कमलेश वर्मा, लखनऊ से बी. आर. विप्लवी, पटना से डा. फ़ैयाज़ अहमद अउर आजमगढ़ से मोहतरमा पी. सबीहा सहभागिता करिहें। 12 अउर 13 नवम्बर के हर दिन दू सत्र में आयोजित विमर्श में शहर के गण्यमान विचारक भी हिस्सा लिहें।

एह अवसर पर युवा लेखक अमित कुमार के विज्ञान कथा संग्रह ‘ ऐन अनटैंगल्ड मिस्ट्री ‘ के लोकार्पण भी होई। सब कार्यक्रम नवनिर्मित प्रेस क्लब सभागार, शास्त्री चौक में सम्पन्न होई। ई आयोजन मूर्धन्य आलोचक डा. मैनेजर पाण्डेय के स्मृति के समर्पित होई।

378020cookie-check‘दलित पसमांदा तथा बहुजन : साहित्य और समाज का सच ” पर दू दिन के सेमीनार आज से

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.