D Tan Pack ह टैनिंग के हटावे आ प्राकृतिक चमक पावे के सबसे निमन उपाय, गर्मी के चेहरा के चमक रही बरकरार

Share

टैन के चलते त्वचा के चमक खतम हो गइल बा आ अब रउवा एकरा से छुटकारा पावे खातीर सबसे निमन डी टैन स्क्रब खरीदे के सोचतानी, त ओह से पहिले घरेलू नुस्खा अपनाई।

त्वचा के टैन महिला आ पुरुष दुनो के एगो आम समस्या ह। ई समस्या कवनो मौसम में केहू के भी हो सकेला। सूरज के रोशनी के जादा संपर्क में आवे के चलते त्वचा टैन हो जाला आ प्राकृतिक चमक गायब हो जाला। त्वचा सुस्त, सूखल आ बेजान देखाई देवे लागेला। अइसने में डी टैन स्क्रब टैन के हटावे आ चेहरा के प्राकृतिक चमक के वापस ले आवे में बहुत उपयोगी साबित हो सकता।

डी-टैन फेस पैक कइसे तैयार कइल जाला

एकरा के बनावे खातिर आधा केला, एक टुकड़ा पपीता, आधा बिना छिलल आलू, आधा नींबू, दु चम्मच चना के आटा, एक चम्मच दही, एक चम्मच एलोवेरा जेल के जरूरत बा।

जदी रउआ एह तरीका से दही के इस्तेमाल करीं त छोट बाल जल्दिए लंबा हो जाई, इहे रामबाण बा।

अब ई सब सामग्री मिक्सर में डाल के बढ़िया से पीस लीं। एकरा बाद एकरा के एगो छोट कटोरी में निकाल लीं। एकरा बाद फेस पैक के चेहरा से लेके गर्दन तक के जगह प ब्रश से बढ़िया से लगाई। एकरा बाद ए पैक के 15 मिनट तक रखे के चाही। ओकरा बाद केला के छिलका से चेहरा रगड़ के ओकरा बाद साफ पानी से धो लीं।

जदी रउवा सप्ताह में दु दिन ए पैक के लगाइब त धूप से जरल त्वचा धीरे-धीरे हल्का होखे लागी। एकरा अलावे चेहरा प पिंपल्स के दाग आ धब्बा भी हल्का होखे लागी। चेहरा टाइट हो जाई।  रउआ भी आज ई घर के रेमिडी अपनाईं ।

अस्वीकरण: सलाह समेत ई सामग्री खाली सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे । अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपना डॉक्टर से सलाह लीं । खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत ।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-