Powerfood: स्वाद में लाजवाब, रोज खइला से दूर रही बेमारी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 22, 2024

Grapes Benefits: हरियर, लाल आ करिया रंग में मिले वाला अंगूर सेहत ला बहुते फायदेमंद होला। अंगूर के स्वाद जेतने निमन होला ओकर फायदा ओकरो से बेसी बा। हर दिन अंगूर खइला से कए बीमारी

Share

Grapes Benefits: हरियर, लाल आ करिया रंग में मिले वाला अंगूर सेहत ला बहुते फायदेमंद होला। अंगूर के स्वाद जेतने निमन होला ओकर फायदा ओकरो से बेसी बा। हर दिन अंगूर खइला से कए बीमारी दूर रहेला।

जान लीहि अंगूर के फायदा

शरीर के स्वस्थ रखे के बा तs फल आ तरकारी के आपन डाइट के हिस्सा बना लिहीं । नियमित रूप से फल खइला से शरीर में पोषक तत्वन के कमी के पूरा कइल जा सकत बा। सेब से लेकर अंगूर ले अइसन कए गो फल बा जवन खाली सरीर के स्वस्थ न रखे जबकि कए बीमारियन के भी खात्मा करे ला। बाजार में अंगूर के कय गो वैराइटी मिलेला। करीया अंगूर, हरियर अंगूर, सुग्गापंखी अंगूर आ लाल रंग के अंगूर मीलेला। अंगूर खाए से कैंसर, अल्जाइमर, पार्किंसंस आ हार्ट के बीमारियन के खतरा के कम कइल जा सकत बा। आइ जाने के रोजाना अंगूर खाए से होखे वाला फ़ायदा के आ अंगूर कौन कौन बीमारियन में असरदार होला।

इs बीमारियन में फायदेमंद रही अंगूर के सेवन

दिल खातिर फायदेमंद- अंगूर खाए से दिल के सेहत अच्छा रहेला। अंगूर में अइसन कय गो पोषक तत्व पाइल जाला जेकरा से ब्लड प्रेशर आ कोलेस्ट्रॉल के लेवल कम रहेला। एह से हार्ट के बीमारियां कम होला ।

एंटी-कैंसर गुण से भरपूर- अंगूर में काफी ज्यादा एंटीऑक्सिडेंट पाइल जाला जवना से कैंसर के खतरा के कम करेला। रोजाना अंगूर खाए से कैंसर के विकास आ फैलाव के कम कइल जा सकता बा।

हड्डियन खातिर फायदेमंद- अंगूर में पोटेशियम, मैंग्नीज़ आ विटामिन बी, विटामिन सी और विटामिन के अच्छा खासा मात्रा में पाइल जाला। जेकरा से हड्डी में मजबूती आवेला। अंगूर खाए से ऑस्टियोपोरोसिस के खतरा के भी कम कइल जा सकत बा।

त्वचा आ बाल के बनाइ हेल्दी- जे लोग रोजाना अंगूर खाए ले उनकर त्वचा ग्लोइंग आ बाल हेल्दी रहेला। अंगूर में मिले वाला एंटीऑक्सीडेंट रेस्वेराट्रोल त्वचा के नुकसान से बचावे ला। बाल के हेल्दी रखे में मदद करेला।

वजन घटाने में मददगार- अंगूर में पानी, फाइबर आ एंटीऑक्सीडेंट होला जवना से वजन के कंट्रोल कइल जा सकेला। अंगूर भूख के कम करेला आ मोटापा घटावेला। अंगूर खाए से नेचुरल सुगर मिलेला, जेकरा से मीठ खाए के क्रेविंग के शांत कइल जा सकत बा।

डायबिटीज के खतरे के कम करेला– अंगूर भरसक मीठा फल बा, बाकी ग्लायसेमिक इंडेक्स बहुते कम होला। एहिसे 2-4 अंगूर डायबिटीज के मरीजो खा सकेले। अंगूर में मिले वाला तत्व हाई ब्लड शुगर के खतरा के भी कम करेला।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.