[the_ad_group id="30365"]

CUET परीक्षा एडमिट कार्ड एह तारीख तक जारी होई, डाउनलोड कईसे कईल जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी (एनटीए) बहुत जल्दी कॉमन यूनिवर्सिटी एंट्री टेस्ट सीयूईटी यूजी 2022 के एडमिट कार्ड जारी करी। विभिन्न विश्वविद्यालयन के तहत स्नातक पाठ्यक्रम में प्रवेश खातिर होखे वाला परीक्षा खातिर एडमिट कार्ड ऑनलाइन मोड के माध्यम से जारी कईल जाई। सीयूईटी परीक्षा खातिर सफलतापूर्वक आवेदन करे वाला उम्मीदवार सीयूईटी के आधिकारिक वेबसाइट cuet.samarth.ac.in पर जा के आपन एडमिट कार्ड चेक कर सकेलें आ डाउनलोड कर सकेलें. एडमिट कार्ड डाउनलोड करे के पूरा प्रक्रिया बताईं-:

CUET UG Admit Card 2022: एह तारीखन पर परीक्षा होखी

आम विश्वविद्यालय प्रवेश परीक्षा के तारीख के एलान कर दिहल गइल बा. CUET, 2022 के संचालन 15, 16, 19, 20 जुलाई आ 04, 05, 06, 07, 08, 10 अगस्त के होखी. कोरोना के तमाम दिशानिर्देश के पालन करत देश भर के 554 शहर आ विदेश के 13 शहरन में स्थित परीक्षा केन्द्रन पर सीयूईटी परीक्षा करावल जाई.

CUET UG Admit Card 2022: देश के दूसरा सबसे बड़ परीक्षा

जानकारी के मुताबिक ए परीक्षा खाती 9.5 लाख से जादे आवेदन आईल बा। एकरा संगे मिलल आवेदन के मामला में सीयूईटी यूजी देश के दूसरा सबसे बड़ प्रवेश परीक्षा बन गईल बा। अकेले नीट यूजी के सीयूईटी से जादे आवेदन मिलल बा।

CUET UG एडमिट कार्ड 2022: एडमिट कार्ड कब जारी होई?

अब तक सीयूईटी यूजी के एडमिट कार्ड के लेके कवनो आधिकारिक तारीख जारी नईखे भईल। हालांकि एनटीए 10 जुलाई 2022 तक परीक्षा से पहिले एडमिट कार्ड जारी क सकता। छात्र आधिकारिक वेबसाइट cuet.samarth.ac.in आ nta.ac.in से आपन एडमिट कार्ड डाउनलोड कर सकेलें. कवनो अपडेट खातिर विद्यार्थी लोग आधिकारिक वेबसाइट पर नजर राखेला.

CUET UG एडमिट कार्ड 2022: एडमिट कार्ड डाउनलोड कईसे कईल जाई?

सबसे पहिले उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट cuet.samarth.ac.in चाहें nta.ac.in पर जाईं.
अब होम पेज पर आवे वाला CUET UG 2022 एडमिट कार्ड से संबंधित लिंक पर क्लिक करीं।
अब रउरा एगो नया पेज पर आ जाइब|
माँगल जानकारी डाल के इहाँ लॉगिन करीं।
अब फ्रंट स्क्रीन प आपके एडमिट कार्ड देखाई दिही।
एकरा के देख के डाउनलोड करीं आ आगे के जरूरत खातिर ओकरा से प्रिंट निकाल लीं.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]