Cristiano Ronaldo: रोनाल्डो कइलें फुटबॉल क्लब अल नस्र के संगे करार, सालाना सैलरी 1700 करोड़ रुपया से ढ़ेर

कुमार आशू

पुर्तगाल के फुटबॉल टीम के कप्तान क्रिस्टियानो रोनाल्डो सऊदी अरब के क्लब अल नस्र के साथ ढाई साल के करार कइले बानें। एकरे साथही उ दुनिया के सबसे ज्यादा कमाई करे वाले खिलाड़ी बन गइल बा। यूरोप में कई साल ले खेलले के बाद अब उ एशियाई क्लब खातिर खेलिहें। रोनाल्डो के पूर्व क्लब मैनचेस्टर यूनाइटेड के संगे अनुबंध खत्म होखले के बाद उनके भविष्य के ले के कई तरह के अटकल लगावल जा रहल जिनके रोनाल्डो अब खत्म कs दिहले बा।

37 साल के रोनाल्डो 2025 तक खातिर अल नस्र के संगे करार कइले बा। ऊ 200 मिलियन यूरो (1775 करोड़ रुपया) से ज्यादा के अनुबंध कइले बानें। फुटबॉल क्लब अल नसर एह सौदा के बारे में जानकारी नइखे दिहले लेकिन समाचार एजेंसी रॉयटर्स के अनुसार रोनाल्डो “200 मिलियन यूरो (214.04 मिलियन अमरीकी डालर) से अधिक”के करार कइले बानें।

रोनाल्डो के शामिल होखले से अल नसर के टीम के मजबूती मिली। ई क्लब नौ सऊदी प्रो लीग खिताब जीत चुकल बा अउर दसवीं ट्रॉफी अपने नाम करे के उम्मीद करी। ई क्लब आखिरी बेर 2019 में लीग के चैंपियन बनल रहे। अल नसर के टीम अब पहिला बेर एएफसी चैंपियंस लीग जीते के भी उम्मीद करी।

Share This Article