[the_ad_group id="30365"]

फीफा अध्यक्ष के बड़ बयान, कहलें- अगिला विश्व कप में भारत के क्वालीफाई करे के पूरा उम्मीद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

2022 फीफा विश्व कप में 36 साल बाद अर्जेंटीना जीत हासिल कइले बिया। एह विश्व कप के शोर पूरा दुनिया में सुनल गइल। ओहिजा भारत में एह खेल के बहुते जादे सराहल जात बा आ पसंद कइल जात बा। बाकिर दुर्भाग्य से एह खेल के हमनी के देस में जादे तरजीह नइखे दिहल जात बा। 18 दिसंबर के जब अर्जेंटीना आ फ्रांस के बीच फाइनल मुकाबला खेलल जात रहे, तब एह मुकाबला के ना खाली अर्जेटीना आ फ्रांस के लोग उतसुक्ता से देखत रहे, बलुक भारत में लोगन के एक्साइटमेंट देखे लायक रहे। एहुजा के लोग अपना-अपना चहेता खिलाड़ी के टीम के सपोर्ट करत रहे।

ओहिजा फुटबॉल के सबसे बड़ टूर्नामेंट फीफा विश्व कप के प्रेसिडेंट गिनी इन्फेंटो भारत में फुटबॉल के क्रेज के देख कs बड़ बयान देले बाड़े। ऊ साफ शब्दन में कहले बाड़ें कि हम उम्मीद करत बानी कि 2026 में होखे वाला फीफा विश्व कप 32 टीमन खातिर ना बलुक 48 टीमन के होई। जवना से भारत के क्वालीफाई करे के उम्मीद बढ़ जाई। हम भारतीय फैंस के आश्वासन देवे के चाहत बानी कि ऊ भारतीय फुटबॉल के बड़ बनावे में बहुत जादे इन्वेस्ट कर रहल बाड़ें। एतना बड़ देस के एगो बड़ टीम आ एगो बड़ कॉम्पीटीशन के जरूरत बा, जवना पs हमनी के काम कर रहल बानी सs।

इंनफैंटो के एह बातन से भारतीय फुटबॉल फैंस के बहुते जादे खुसी मिली, काहेकि एसे कहीं ना कहीं युवा लोगन के सपना साकार करे के मौका मिल सकत बा। हमनी सभे जानत बानी कि भारत में क्रिकेट के लोकप्रियता जादे बा, बाकिर जवना तरह से फीफा विश्व कप अइला पs इहां के लोग एक्साइटेड हो जाला, ओसे हम ई कह सकत बानी कि इहां फुटबॉल खातिर लोग पागल बा।

ओहिजा फुटबॉल से जुड़ल एगो आउर खबर आइल बा कि फ्रांस के स्टार खिलाड़ी करीम बेंजेमा अपना 15 साल के अंतरराष्ट्रीय फुटबॉल करियर के अलविदा कह देले बा लोग। ऊ अपना देस खातिर 97 मुकाबला खेलले बा लोग, जेमे 36 गोल ऊ दगले बाड़ें। ऊ रियल मैड्रिड क्लब से फुटबॉल खेलत बाड़ें। हालांकि एह पs ऊ फिलहाल कुछ नइखे कहलें कि ऊ रियल मैड्रिड से खेलत रहिहे कि ना। फीफा 2022 में अपना टीम के तरफ से खेले खातिर कतर पहुंचल रहस, बाकिर चोट के वजह से बेंजेमा टीम से बाहर हो गइल रहस आ तुरंते वापस अपना देस लवट आइल रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]