[the_ad_group id="30365"]

Lionel Messi: बीजिंग एयरपोर्ट पs हिरासत में लिहल गइलें लियोनेल मेसी, सामने आइल ई वजह, वीडियो वायरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अर्जेंटीना के फुटबॉल स्टार लियोनेल मेसी के एगो वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, लियोनेल मेसी (Lionel Messi) के चीन में बीजिंग हवाई अड्डा पs पुलिस हिरासत में ले लेले रहे। वीडियो में मेसी चीनी पुलिसकर्मियन से घिरल नजर आ रहल बाड़ें।  दरअसल, अर्जेंटीना के बियफे (15 जून) के बीजिंग के वर्कर्स स्टेडियम में एगो अंतरराष्ट्रीय मैत्री मैच में ऑस्ट्रेलिया के सामना करे के बा। मवजूदा फीफा विश्व कप चैम्पियन अर्जेंटीना अपना प्रदर्शन से चीन के फैंस के दिल जीते के कोसिस करी। एह मैच से पहिले सामने आइल ई वीडियो सभे के हैरान कs देले बा। ई घटना 10 जून के हs, जवना के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा।

हालांकि, अइसन लागत बा कि कप्तान लियोनेल मेसी के चीनी पुलिस द्वारा हिरासत में लिहल गइला के कारण अर्जेंटीना के दोस्ताना तइयारी में मामूली दिक्कत के सामना करे के पड़ल बा। बीजिंग पहुंचला पs 35 साल के लियोनल मेसी के पुलिस हवाई अड्डा पs हिरासत में ले लेलस।

का रहे वजह?

बतावल जा रहल बा कि अइसन मेसी के पासपोर्ट के वजह से भइल। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, लियोनल मेसी के लगे अर्जेंटीना आ स्पेनिश दुनो देसन के पासपोर्ट बा। बाकिर मेसी अर्जेंटीना के पासपोर्ट के बजाय स्पेनिश पासपोर्ट पs यात्रा करत रहलें आ उनका स्पेनिश पासपोर्ट पs चीन के वीजा ना रहे। एह वजह से एयरपोर्ट पs चीन के बॉर्डर पुलिस मेसी के रोक लेलस।

चीनी फैंस मेसी के इंतजार में खड़ा रहल लो

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, अर्जेंटीना के पासपोर्ट के बजाय स्पेन के पासपोर्ट ले आवे के कारण मेसी के कुछ देर एयरपोर्ट पs रुके के पड़ल। करीब आधा घंटा बाद समस्या के सुलझा लिहल गइल। उनका के एंट्री वीजा दिहल गइल एकरा बाद मेसी एयरपोर्ट से बाहर निकल पइलें। बता दीं कि स्पेन के पासपोर्ट पs चीन में वीजा-फ्री एंट्री नइखे। हालांकि, ऊ बिना वीजा के ताइवान में प्रवेश कs सकत बाड़े। लियोनल मेसी कथित तौर पs सोचले रहस कि ताइवान चीन के हिस्सा हs, एहिसे वीजा खातिर आवेदन ना कइले रहस।

मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, सुरुआत में लियोनेल मेसी आ चीनी हवाई अड्डा पs मवजूद गार्डन के बीच भाषा के कारणो दिक्कत भइल, जवन जल्दिये सुलझ गइल रहे। चीन में लियोनेल मेसी के जबरदस्त फैन फॉलोइंग बा। एयरपोर्ट से निकलत घरी मेसी के उनकर फैंस जोरदार स्वागत कइल लो। एयरपोर्ट आ जवना होटल में लियोनेल मेसी के ठहरे के इंतजाम रहे, उहवो सैकड़न फैंस उनका इंतजार में खड़ा लउकल लो। ई चीन में मेसी के सातवां दौरा हs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]