स्पोर्ट्स डेस्क। फुटबॉल के सुपरस्टार क्रिस्टियानो रोनाल्डो अब दुनिया के पहिला अरबपति फुटबॉलर बन गइल बाड़ें। अबकी बेर ऊ रिकॉर्ड गोल्स भा ट्रॉफी खातिर ना, बलुक अपना बैंक बैलेंस खातिर बनवलें। ब्लूमबर्ग बिलियनेयर इंडेक्स के मोताबिक रोनाल्डो के कुल संपत्ति अब 1.4 बिलियन अमेरिकी डॉलर (लगभग 11,500 करोड़ रुपिया) आंकल गइल बा। एकरा से ऊ फुटबॉल इतिहास के सबसे अमीर खिलाड़ी बन गइल बाडें।
ब्लूमबर्ग के रिपोर्ट के अनुसार, ई पहिला मौका बा जब रोनाल्डो के संपत्ति के इंडेक्स में सामिल कइल गइल बा। एह मूल्यांकन के बाद ऊ दुनिया के सबसे बेसी कमाई करे वाला फुटबॉलर बन गइलें आ आपन पुरान प्रतिद्वंद्वी लियोनेल मेसी के काफी पीछे छोड़ देलें।
वेतन आ क्लब करियर के कमाई के बा अहम हिस्सा
रोनाल्डो के कमाई में सबसे बड़ हिस्सा उनका वेतन से आवेला। यूरोप में जब ऊ खेलत रहलें, तब उनकर वेतन मेसी के बराबर रहे। बाकिर 2023 में सऊदी अरब के अल-नास्र क्लब से साइन करतही उनकर आमदनी में जबरदस्त उछाल आ गइल।
एह डील के हिसाब से ऊ सालाना 200 मिलियन अमेरिकी डॉलर कर-मुक्त वेतन आ बोनस पवलें, संगही 30 मिलियन डॉलर के साइनिंग बोनसो मिलल। ब्लूमबर्ग के मोताबिक, 2002 से 2023 के बीच रोनाल्डो 550 मिलियन अमेरिकी डॉलर से जादे वेतन कमा चुकल बाड़ें।
ब्रांड एंडोर्समेंट आ बिजनेस निवेश
रोनाल्डो के कमाई के दूसरका सबसे मजबूत स्तंभ बा ब्रांड एंडोर्समेंट। नाइकी के संगे उनकर दस साल के करार सालाना लगभग 18 मिलियन डॉलर कमाई देला। एकरा अलावे अरमानी, कैस्ट्रोल जइसन नामी ब्रांड्स से साझेदारी कs के ऊ करीब 175 मिलियन डॉलर अतिरिक्त कमवले बाड़ें।
रोनाल्डो के CR7 ब्रांड अब होटल, जिम, अउर फैशन बिजनेस में खूब चल रहल बा। ओकरा अलावे ऊ कइयन गो लग्जरी प्रॉपर्टी के मालिक बाड़ें, जेमे लिस्बन के लगे क्विंटा दा मरिन्हा गोल्फ रिसॉर्ट के संपत्ति सामिल बा, जवना के कीमत लगभग 20 मिलियन यूरो बतावल गइल बा।
मेसी से कमाई में मुकाबला
रोनाल्डो के पुरान प्रतिद्वंद्वी लियोनेल मेसी अपना करियर में लगभग 600 मिलियन डॉलर प्री-टैक्स वेतन कमवले बाड़ें।
2023 में जब ऊ इंटर मियामी जॉइन कइलें, तब उनकर सालाना वेतन 20 मिलियन डॉलर ठहरावल गइल।
बाकिर रोनाल्डो के एंडोर्समेंट आ बिजनेस इन्वेस्टमेंट उनका के बहुते आगे ले गइल बा।
सोशल मीडिया आ ग्लोबल असर
रोनाल्डो के लोकप्रियता खाली मैदान तक सीमित नइखे। उनकर इंस्टाग्राम पs 660 मिलियन से जादे फॉलोअर्स बाड़ें, जवना के चलते ऊ दुनिया में सबसे जादे फॉलो कइल जाये वाला व्यक्ति तक बन गइल बाड़ें। एकरा से साफ बा कि रोनाल्डो के असर अब खाली फुटबॉल ना, बलुक ब्रांड वैल्यू, ग्लोबल मार्केटिंग आ शोहरत में सबसे ऊपर बा।