UP Politics : आजम खां के घरे पहुंचलें अखिलेश यादव; तीन साल बाद दूनो के भेंट, पुलिस मीडिया के बाहर रोकलस

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 8, 2025

रामपुर। UP Politics : समाजवादी पार्टी (सपा) के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव बुध के दूपहरिया बाद रामपुर पहुंचलें। उनकर हेलीकॉप्टर जौहर यूनिवर्सिटी के कैम्पस में उतरल। ओकरा बाद ऊ सीधा आजम खां के घरे गइलें।

Share

रामपुर। UP Politics : समाजवादी पार्टी (सपा) के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव बुध के दूपहरिया बाद रामपुर पहुंचलें। उनकर हेलीकॉप्टर जौहर यूनिवर्सिटी के कैम्पस में उतरल। ओकरा बाद ऊ सीधा आजम खां के घरे गइलें। लगभग तीन बरिस बाद अखिलेश यादव आ आजम खां के आमने-सामने भेंट भइल बा।

अखिलेश यादव के आवतही जौहर यूनिवर्सिटी के बाहर सुरक्षा इंतजाम कड़ा कs दिहल गइल। पुलिस मीडिया के आजम खां के घर के बाहर से आगे ना जाये देलस। अखिलेश के काफिला यूनिवर्सिटी पहुंचल तs सपा कार्यकर्तन में जबरदस्त उत्साह देखे के मिलल। भीड़ अखिलेश यादव जिंदाबाद के नारा लगावत रहे।

जिला के सपा जिलाध्यक्ष सहित सब वरिष्ठ नेता पहिलही से यूनिवर्सिटी परिसर में मौजूद रहे लोग। पूर्व मुख्यमंत्री के दौरा के मद्देनजर प्रशासन मंगर से सतर्क रहे। जौहर यूनिवर्सिटी आ आजम खां के घर के चारो ओर कइयन थाना के पुलिस तैनात रहे। आला अफसर लगातार मौका के हालात देख रहल बा लोग। खुफिया विभाग इलाका में निगरानी बढ़ा देलस।

सूत्रन के मानल जाव तs अखिलेश यादव अउर आजम खां के बीच में लगभग एक घंटा तक बातचीत होई। दुन्नो के बीच पुरान गिला-शिकवा मिटावे अउर संगठन से जुड़ल मुद्दा पs चरचा भइला के संभावना बा। अखिलेश यादव आजम खां के तबियत के हाल पूछलें। प्रशासन अखिलेश के सुरक्षा खातिर तीन मजिस्ट्रेट अउर सीओ लेवल के अफसर तैनात कइले रहे। पूरा इलाका के छावनी में बदल दिहल गइल रहे।

Read Also: Rohit Sharma Car : वाइफ रितिका के गला लगवलें रोहित, फेर निकललें नया कार में; VIDEO सोशल मीडिया पs सुपरहिट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.