दिल्ली-एनसीआर में सुक्क के हवा अउर बिगड़ले के आशंका बा। बेयार मानक एजेंसियन के पूर्वानुमान बा कि उत्तर-पश्चिम दिशा से पराली के धुआ इहां ले पहुंची। एह वजह से वातावरण में स्मॉग के चादर बन सकsता। नतीजन, बेयार के बहुत खराब के उच्च स्तर से गंभीर श्रेणी में पहुंचले के संभावना बा। ओंने, बीतल 24 घंटा में एनसीआर के शहर के हवा बहुते खराब श्रेणी में दर्ज कइल गइल। दिल्ली के बेयार 295 एक्यूआई के संगे खराब श्रेणी के उच्च स्तर पर दर्ज भइल।

केंद्र के वायु मानक संस्था सफर इंडिया के मुताबिक, अगिले दू दिन ले हवा के रफ्तार बढ़ के 15 से 26 किलोमीटर प्रतिघंटा ले रहले के पूर्वानुमान बा। हालांकि, एह बीच हवा के दिशा उत्तर-पश्चिम होखले के वजह से पराली के धुआं दिल्ली-एनसीआर ले पहुंची। सफर के मुताबिक, तेज हवा से प्रदूषकन के छंटले में मदद मिली, लेकिन एह दौरान उत्तर-पश्चिम दिशा से आवे वाले प्रदूषकन के दर अधिक होई। जेसे हवा के बिगड़ले के संभावना बा।
विशेषज्ञन के कहनाम बा कि अभीन बेयार के रफ्तार मध्यम होखले अउर धूप निकलले के वजह से प्रदूषक नाइ जम रहल बा, जेसे बेयार गुणवत्ता ढ़ेर नाइ बिगड़ रहल बा। मौसमी परिस्थितियन के बिगड़तही हवा के सेहत ढ़ेर बिगड़े लागी।

पराली के धुआ के बा आठ फीसदी हिस्सेदारी
सफर के मुताबिक, बीतल 24 घंटा में पराली जरले से पीएम 2.5 में पराली के धुआ के हिस्सेदारी आठ फीसदी रहल बा। पीएम 2.5 से बड़ कण के पीएम 10 में 50 फीसदी हिस्सेदारी रहल। पीएम 10 के स्तर 260 अउर पीएम 2.5 के स्तर 128 माइक्रोमीटर प्रतिघन मीटर दर्ज कइल गइल। केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड(सीपीसीबी) के मुताबिक, बीते 24 घंटा में गाजियाबाद अउर ग्रेटर नोएडा के हवा बेहद खराब श्रेणी में रहल।

दू दिन ले उत्तर-पश्चिम रही बेयार के दिशा
भारतीय उष्णदेशीय मौसम विज्ञान संस्थान (आईआईटीएम) के मुताबिक, बियफ़े के बेयार के दिशा उत्तर-पश्चिम होखले के साथ बेयार के रफ्तार चार से 10 किलोमीटर प्रतिघंटा तक रहल। विभाग के पूर्वानुमान बा कि अगिले 24 घंटा में बेयार के दिशा उत्तर-पश्चिम रहले के साथ हवा के रफ्तार 12 से 26 किलोमीटर प्रतिघंटा रह सकsता। उहवें, शनिचर के बेयार के दिशा उत्तर-पश्चिम होखले के साथ हवा के रफ्तार 10 से 18 किलोमीटर प्रतिघंटा रहले के संभावना बा।

आईआईटीएम के मुताबिक, बियफ़े के मिक्सिंग हाइट के स्तर 2750 मीटर अउर वेंटिलेशन इंडेक्स 16500 वर्ग मीटर प्रति सेकेंड रहल। उहवें, अगिले सुक्क के मिक्सिंग हाइट 2150 मीटर अउर वेंटिलेशन इंडेक्स 16500 वर्ग मीटर प्रति सेकेंड अउर शनिचर के मिक्सिंग हाइट 2220 मीटर अउर वेंटिलेशन इंडेक्स 21 हजार वर्ग मीटर प्रति सेकेंड रहले के पूर्वानुमान बा।

दिल्ली-एनसीआर के एक्यूआई दिल्ली- 295
फरीदाबाद- 292
गाजियाबाद- 334
ग्रेटर नोएडा- 348
गुरुग्राम- 237
नोएडा- 256
गाजियाबाद- 334
ग्रेटर नोएडा- 348
गुरुग्राम- 237
नोएडा- 256

कहां केतना जरल पराली
पंजाब- 1893
हरियाणा- 35
उत्तर प्रदेश 33
दिल्ली- 00
मध्यप्रदेश- 282
राजस्थान- 34
हरियाणा- 35
उत्तर प्रदेश 33
दिल्ली- 00
मध्यप्रदेश- 282
राजस्थान- 34
Post Views: 2