सीवान में अपराधियन द्वारा मुखिया पति के गोली मार के हत्या, इलाका में मचल हड़कंप

Share

सीवान जिले के महाराजगंज अनुमंडल मुख्यालय में बेखौफ अपराधियन द्वारा सोमार के साँझ जगदीशपुर गांव के लगे मुखिया पति के गोली मारके हत्या क दिहल गइल। अपराधी दिनदहाड़े एह वारदात के अंजाम दे के पुलिस प्रशासन के खुला चुनौती दे डलले बाड़ें स। मृत मुखिया पति प्रदीप तिवारी दारौंदा थाना क्षेत्र के रुकुंदीपुर पंचायत के धनौता निवासी कमल देव तिवारी के बेटा रहलें। घायल मुखिया पति के ग्रामीणन में जख्मी हालत में महाराजगंज अनुमंडलीय अस्पताल ले आवल गइल जहां चिकित्सक लोग जख्मी मुखिया पति के मृत घोषित क दिहल।

मवका से भाग निकलले अपराधी

घटना के संबंध में बतावल जात बा कि रुकुंदीपुर पंचायत के मुखिया बबिता देवी के पति प्रदीप तिवारी महाराजगंज से अपना बाईक से घर जात रहलें तबे दु बाइक प सवार चार के संख्या में अपराधियन द्वारा जगदीशपुर गांव के लगे उनका बाईक के ओवर टेक क के घेर लिहलें आ गोलियन से छलनी क देले। गोली लगतही मुखिया पति सड़क प गिर गइलें। घटना के अंजाम देला के बाद अपराधी हवाई फायरिंग करत रुकुंदीपुर के ओर भाग निकलले। एह घटना के बाद इलाका में डर के माहौल बन गइल बा।

परिजनन में कोहराम

गोली चलला के आवाज सुनतही ग्रामीण घटना स्थल के ओर दउड़ पड़ल लो। ग्रामीण जख्मी मुखिया पति के आनन-फानन में महाराजगंज अनुमंडलीय अस्पताल ले गइल लो।  जहां चिकित्सकन द्वारा मुखिया पति के मृत घोषित क दिहल गइल बा। घटना के जानकारी मिलला के बाद से मृतक के परिजनन में कोहराम मच गइल।

पुलिस कर रहल बिया ममिला के छानबीन

घटना के सूचना मिलतही महाराजगंज के एसडीपीओ पोलसत कुमार आ महाराजगंज थाना के पुलिस घटनास्थल प पहुंचल आउरअपराधियन के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी में जुट गइल बिया। एसडीपीओ कहलें कि अपराधियन के कवनो कीमत प ना छोड़ल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-