सारण: जमीनी विवाद के लेके मारपीट, महिला घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 8, 2022

प्रितम सिंह, खबर भोजपुरी, मशरक सारण: सारण जिला के मशरक थाना क्षेत्र के कर्ण कुदरिया गांव में जमीनी विवाद के लेके भइल मारपीट में महिला के गंभीर रूप से घायल हालत में इलाज खातिर सामुदायिक

Share

प्रितम सिंह, खबर भोजपुरी, मशरक सारण: सारण जिला के मशरक थाना क्षेत्र के कर्ण कुदरिया गांव में जमीनी विवाद के लेके भइल मारपीट में महिला के गंभीर रूप से घायल हालत में इलाज खातिर सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र मशरक में भर्ती करावल गइल। जहा घायल महिला के पहचान कर्ण कुदरिया गांव निवासी अनवर अली के 30 साल के पत्नी रैवेदा खातून के रूप मे भइल। घायल रैवेदा खातुन बतवली कि जमीन बंटवारा के लेके हमार सास बार-बार मारपीट करवा के घर से निकालत रहेली। ओहिजा मंगर के फेर उनका संगे मारपीट कइल गइल। जेमे ऊ घायल हो गइली। ममिला में थाना पुलिस के आवेदन दिहल गइल। पुलिस ममिला में जांच पड़ताल कर रहल बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.