Bihar: जमुई में बालू माफिया के पुलिस प हमला, पथराव में मजिस्ट्रेट समेत आधा दर्जन पुलिस जवान घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 4, 2022

जमुई सदर थाना क्षेत्र में अवैध बालू कारोबार के खिलाफ कार्रवाई करे गइल पुलिस टीम प बालू कारोबारियन द्वारा हमला क दिहल गइल। एह दौरान दर्जनन के संख्या में बालू कारोबारियन द्वारा पुलिस टीम के

Share

जमुई सदर थाना क्षेत्र में अवैध बालू कारोबार के खिलाफ कार्रवाई करे गइल पुलिस टीम प बालू कारोबारियन द्वारा हमला क दिहल गइल। एह दौरान दर्जनन के संख्या में बालू कारोबारियन द्वारा पुलिस टीम के घेर लिहल गइल आ उनका प जमके पथराव कइल लो। एह घटना में एगो मजिस्ट्रेट, एक पुलिस पदाधिकारी सहित आधा दर्जन पुलिस जवान घायल हो गइल।

बालू के अवैध कारोबारियन के मिलल जानकारी

घायलन में सिंचाई विभाग के कनीय अभियंता सह मजिस्ट्रेट शिवम कुमार मृत्युंजय, टाउन थाना के एसआई श्यामल किशोर साह, सिपाही पंकज कुमार आ योगेंद्र कुमार के अलावे आउर पुलिस कर्मी शामिल बा लो। जानकारी के अनुसार पुलिस के ई सूचना मिलल रहे कि सदर थाना क्षेत्र में अवैध रूप से बालू के कारोबार कइल जा रहल बा। जेकरा के लेके एगो विशेष छापेमारी दल के गठन कइल गइल आ सिंचाई विभाग के कनीय अभियंता सहित आउर पुलिस पदाधिकारियन के ओमे शामिल कइल गइल रहे।

बालू लदल दु ट्रैक्टर जब्त, पुलिस प हमला

उक्त टीम के द्वारा छट्ठू धनामा गांव में बालू तस्करी रोके खातिर छापेमारी कइल जात रहे। जइसही पुलिस ओह गांव में पहुंचल, अवैध बालू लदल दु गो ट्रैक्टर के देखके ओकर पीछा कइल शुरू कइलस आ दुनो के पकड़ लेलस। एह दौरान उहां मवजूद बालू माफिया बड़ संख्या में पुलिस टीम के चारों तरफ से घेर लिहल लो आ ओह लोग प जमके पत्थरबाजी करे लागल लो जवना से मजिस्ट्रेट सहित आधा दर्जन पुलिसकर्मी घायल हो गइल लो। हालांकि दुनु ट्रैक्टरन के जब्त क के पुलिस थाना लेके आ गइल बिया।

पुलिस जांच शुरू

फिलहाल ट्रैक्टर मालिक के पता नइखें चल सकल। बाकिर पुलिस घटना के हर पहलुअन प जांच पड़ताल कर रहल बिया। छापेमारी टीम के द्वारा बालू माफियन के चिन्हित क के मुकदमा दर्ज करावे के बात कहल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.