Chetan Sharma: स्टिंग ऑपरेशन के बाद चेतन शर्मा दिहलें इस्तीफा,भारतीय क्रिकेट टीम के मुख्य चयनकर्ता के पद छोड़लें

Sudhir Kumar Mishra

भारतीय क्रिकेट टीम के मुख्य चनयकर्ता चेतन शर्मा स्टिंग ऑपरेशन के बाद  से अपना पद से इस्तीफा दे देले बाड़ें । एगो  स्टिंग ऑपरेशन में चेतन शर्मा  भारतीय टीम आ खिलाड़ियन से जुड़ल कई गो राज के उगिलले रहलें । एकरा बाद से उ लगातार विवादन में बनल रहले । अब उ भारतीय पुरुष  क्रिकेट टीम के चयन समिति के अध्यक्ष के  पद छोड़ देले बाड़ें। चेतन शर्मा  आपन  इस्तीफा बीसीसीआई सचिव जय शाह के  भेजले रहले आ उनकर इस्तीफा  ओही घरी स्वीकार कई लिहल गईल बा । उनका के सात जनवरी 2023 के दोसरा हाली भारतीय टीम के चयन समिति के अध्यक्ष चुनल गइल रहे। एकरा लगभग एक महीना बादे उनके अपना पद से इस्तीफा देबे के पड़ल बा। दु हाली भारतीय क्रिकेट टीम के मुख्य चयनकर्ता बनलें, बाकिर दूनो बेर आपन कार्यकाल पूरा ना कई सकलें।

चेतन शर्मा  एगो टीवी चैनल के स्टिंग ऑपरेशन में विराट कोहली आ सौरव गांगुली के रिश्तन से लेके खिलाड़ियन के इंजेक्शन लेबे सहित कई गो मामलन पs गंभीर खुलासा कईले रहल। चेतन शर्मा  कहले रहले कि भारतीय क्रिकेट टीम के खिलाड़ी 80 प्रतिशत फिट होखला पs इंजेक्शन लेला लोग आ 100 प्रतिशत फिट हो जाले। ई पेन किलर ना होला। एह इंजेक्शन में अइसन दवाई होला जे डोप टेस्ट में ना पकड़ल जा सकेले। नकली फिटनेस खातिर इंजेक्शन लेबे वाला एह कुल्ही खिलाड़ियन के लगे बहरियो डॉक्टर लोग होला ।
चेतन शर्मा ने ईहो आरोप लगवले रहले कि पिछला साल सितंबर में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ टी20 सीरीज खातिर स्ट्रेस फ्रैक्चर से बुमराह के वापसी के लेके उनका आ टीम मैनेजमेंट के बीचे बहुते मतभेद रहे। बुमराह अभीयो एक्शन से बाहर बाड़े आ ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ चार टेस्ट मैचन के बॉर्डर-गावस्कर सीरीज से बहरी हो चुकल बाड़े। उ भारत-ऑस्ट्रेलिया के बीचे तीन गो मैचन के वनडे सीरीज में भी ना खेलिहें ।

कोहली-गांगुली के रिश्तन पs भी खूब बोलले रहले

चेतन शर्मा  ईहो आरोप लगवले कि पूर्व कप्तान कोहली आ बीसीसीआई के पूर्व अध्यक्ष सौरव गांगुली के बीचेअहंकार के लड़ाई रहे। चेतन  कोहली के कप्तानी विवाद पs खुलासा करतs कहले रहले – कोहली के बुझाइल रहे कि  सौरव गांगुली के वजे से उनके कप्तानी गंवावे के पड़ल, बाकिर अइसन बात ना रहे । चयन समिति के वीडियो कॉन्फ्रेंस में कई लोग रहले, तब गांगुली कोहली से कहले रहले कि- फैसला के लेके एक बेर सोच लs। हमरा लागत बा कि कोहली  एकरा के ना सुनलें बीसीसीआई  एह मामला के बाड़ा गंभीरता से लिहलस, काहें की चीफ सेलेक्टर चेतन  कई  गो विवादित दावा कइले रहले। बोर्ड के संगे कॉन्ट्रैक्ट में रहत कवनो खेलाड़ी भा अधिकारी के मीडिया में कइसनो  निजी मामला पs बातचीत के इजाजत ना होला। चेतन एकर उल्लंघन कइले रहले। ऐहि वजे से उनका अब अपना पद से इस्तीफा देने की पड़ल बा।

 

पहिलहुँ  विवादन में रहल बाड़े चेतन

 
चेतन शर्मा के अगुआई वाली चयन समिति के पिछला साल ऑस्ट्रेलिया में टी20 विश्व कप के बाद से बर्खास्त कई दिहल गइल रहे । एह विश्व कप में भारतीय टीम सेमीफाइनल में हार गईल रहे आ चयनकर्ता लोगन के कई गो फैसलन पs सवाल ठाड़ भईल रहे। हालांकि,एह साल उनके दोबारा चीफ सेलेक्टर के तउर पs चुनल गइल रहे। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) के नयका सीनियर सिलेक्शन कमेटी में शर्मा के अलावा शिवसुंदर दास, सलिल अंकोला, सुब्रतो बनर्जी आ श्रीधरन शरत चार अउरी लोग सदस्य बाड़े। चेतन के इस्तीफा के बाद से भारतीय टीम के मुख्य चनयकर्ता के पद एक हाली फेरू खाली हो गईल बा।भारतीय चयन समिति के बर्खास्त कइला के बाद ई उम्मीद कइल जा रहल बा कि नया सदस्यन के चयन समिति में चुनल जाई, बाकिर पुरनकी चयन समिति के अध्यक्ष के ही दोसरा बेर चुनले पs विवाद भईल रहे।
Share This Article