अजब-गजब: कार में बइठल रहस प्रवक्ता शेखर, क्रेन गाड़ी सहित उनका के टंगलस आ पहुंचा देलस यार्ड

Anurag Ranjan

नगर निगम से अधिकृत एजेंसी के क्रेन सुक के कार में बइठल प्रवक्ता सुधांशु शेखर राय के ट्रेफिक यार्ड तक पहुंचा देलस। असल में, प्रवक्ता के कार सड़क पs खड़ा रहे। तबे नो पार्किंग जोन में खड़ा गाड़ीयन के उठावे आला क्रेन आ गइल। प्रवक्ता क्रेन देख के क्रेन हटावे लगले। बाकिर, क्रेन चालक कार में बइठल प्रवक्ता के उतरे के मवका देलस। कार के यार्ड में पहुंचा देलस। जेकरा बाद प्रवक्ता कार के भीतरी से वीडियो बना लेले। प्रवक्ता वीडियो आ चिट्ठी भेजके डीएम विजय किरण आनंद से शिकायत कइले बाड़े। ओने, सोसल मीडिया पs वीडियो वायरल हो गइल।

जानकारी के मोताबिक, बांसगांव के कनईचा के रहनिहार सुधांशु शेखर राय बांसगांव इस्तिथ जवाहरलाल नेहरू पीजी कॉलेज में प्रवक्ता बाड़े। ऊ कवनो काम से गोरखपुर विश्वविधालय गइल रहस। उनका भूख लागल रहे तs गोलघर इस्तिथ एगो दुकान पs कुछ खाये लगले। तबे नगर निगम के वाहन उठावे आला गाड़ी आ गइल। आरोप बा कि जइसही ऊ गाड़ी में जाके बइठले तबे उनका गाड़ी के उठा लिहल गइल। ओने, प्रवक्ता बेर-बेर निहोरा करे लगले कि ऊ सीट पs बइठल बाड़े उनका के उतर जाये दिआव। बाकिर कवनों सुनवाई ना भइल। गाड़ी के पुलिस लाइन के सोझा यार्ड में लाके खड़ा कs दिहल गइल।

साभार: अमर उजाला

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।