Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर के डायट प्राचार्य बीएन सिंह सस्‍पेंड, मनमाना ढंग से काम करे के लागल बा आरोप

229

योगी 2.0 सरकार लगातार ऐक्‍शन में बिया। एहि बीचे गोरखपुर के डायट प्राचार्य भूपेंद्र कुमार सिंह के निलंबित कs दिहल गइल बा। भूपेन्द्र कुमार कर्मचारियन आ प्रवक्ता लोगन के सेवापुस्तिका के अपडेट ना करे, पाठ्यक्रम के पढ़ावे ला कवनो कार्ययोजना ना बनवला समेत वित्तीय अनियमितता में प्रथम दृष्टया दोषी पाइल गइल बा। उनका खिलाफ अनुशासनिक जांच संयुक्त निदेशक गणेश कुमार के सउपल गइल बा।

 

ज्वाइनिंग के एक महीना बाद विवाद में आ गइल रहले डायट प्राचार्य 
नाम ना छपला के शर्त पs डायट कर्मी बतावल लो कि निलंबित डायट प्राचार्य ज्वाइनिंग के एके महीना बाद विवाद में आ गइल रहस। ऊ आपन मनमानी करत डायट कार्यालय के अपना हिसाब से सही करावे से लेके शिक्षण काम में कई विषयन के चलवला के बादे से विवादो में आ गइल रहले। अधिकारी होखला के वजे से डायट के कर्मचारी आ प्रवक्ता उनका बात के करे ला मजबूर रहत रहे लो। डायट प्राचार्य के ऊपर इहो आरोप बा कि ऊ कईयन गो प्रवक्ता के दबाव में लेवेला ला खुदे जांच कराके आरोप साबित कs के उक्त कर्मी पs कार्रवाई के भय बनाके आपन काम करवावत रहस।

प्रशासनिक अधिकारी से कs लेले रहस विवाद
अपना मनमानी के  लेके विवादित रहस डायट प्राचार्य जनवरी आ अप्रिल महीना में समीक्षा बइठक के दौरान जिला प्रशासन के उच्चाधिकारी से उलझ गइल रहस। ई घटना क्रम दू बेर भइल रहे। कारण खाली  अपना मनमानी पs रोक लगावे के लेके रहे।

शिकायत पs जिला स्तर पs जांच  भइल रहे
जनवरी-फरवरी महीना में डायट प्राचार्य के कई बिन्दुअन के शिकायत पs प्रशासन स्तर पs जांच टीम बइठावल गइल रहे। हालांकि ओमे का कारवाई भइल एकर जानकारी ना हो सकल बाकिर शिकायत सही पावल गइल रहे।

कुशीनगर के पूर्व प्राचार्यो के खिलाफ जांच
कुशीनगर के तत्कालीन डायट प्राचार्य जावेद आलम के खिलाफ विभागीय जांच सुरू कs दिहल गइल बा।  श्री आलम अब रिटायर हो चुकल बाड़े। एससीईआरटी शासन के सूचना देले बा कि श्री आलम 2018 में निरदेसण के पालन ना कइले आ डीएलएड प्रशिक्षुअन के यूनिट टेस्ट आ आंतरिक परीक्षा ना लिहल गइल । जावेद आलम मनमाना तरीका से आतंरिक मूल्यांकन के अंक नियम विरुद्ध देले।

जवन विषय ना चलत रहे, ओकरो के चलवावस
डायट सूत्रन के अनुसार प्राचार्य शासनादेश के अवहेलना करत जवन विषय बीटीसी प्रशिक्षुअन के ना पढ़ावे के रहे उहो पढ़वावत रहस। जइसे पहिला सेमेस्टर में अंग्रेजी विषय प्रशिक्षुअन के ना पढ़ावे के होला।  एकरा बादो ऊ पढ़वावत रहस। एहि तरे कक्षा शिक्षा विषय ना पढ़ावे के रहे बाकिर प्राचार्य उहो पढ़वावत रहस।

डायट प्रवक्ता लो से धन मांगे के रहे आरोप
भूपेन्द्र कुमार सिंह डायट परिसर में जबरजस्ती बास्केट बाल आ बैडमिंटन कोर्ट बनववले रहस। एकरा ला ऊ उन्होंने पूरा परिसर के अव्यवस्थित कर देले रहस। हालांकि कोर्ट बनववला के एवज में ऊ  प्रवक्ता आ कर्मी लो से धन के मांग कइले रहस। कुछ लो डर से धन दे दिहल, कुछ लो उच्चाधिकारियन तक ले शिकायत कइले रहे लो।

245820cookie-checkगोरखपुर के डायट प्राचार्य बीएन सिंह सस्‍पेंड, मनमाना ढंग से काम करे के लागल बा आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.