BIG BREAKING: भारत जोड़ो यात्रा में कांग्रेस सांसद के निधन: राहुल गांधी के संगे चलत घरी हार्ट अटैक आइल, पंजाब में यात्रा रोकल गइल

Share

पंजाब में राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा के दौरान जालंधर से कांग्रेस सांसद चौधरी संतोख सिंह के निधन हो गइल। ऊ यात्रा में राहुल गांधी के साथे चलत रहलें। एही दौरान उनकर तबियत बिगड़ गइल।। उनका के तुरंत फगवाड़ा के अस्पताल ले जाइल गइल। जहां डॉक्टर लोग कहलस कि उनकर रस्ता में मौत हो चुकल बा। उनका हार्ट अटैक आइल।

जवना के बाद राहुल गांधी फिलहाल भारत जोड़ो यात्रा रोक देले बाड़े। ई यात्रा आज लुधियाना के लाडोवाल टोल प्लाजा से फगवाड़ा के तरफ जात रहे। जवना दौरान ई घटना हो गइल। करीब 8.45 पs उनकर तबियत बिगड़ल। जवना के बाद राहुल गांधी उनका के देखे खातिर अस्पताल गइलें। चौधरी संतोख सिंह 76 साल के रहस।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-