Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

785
  1. बिहार: पटना में मरीज के दिल से निकलल दांत; खाना के संगे निगलले रहे, हुक से आंत फाड़के हार्ट में फंसल। 4 घंटा तक चलल ऑपरेशन। बिहार में एह तरे के पहिला सर्जरी।
  2. बिहार: अररिया में पुलिस के दउरा-दउरा के पीटल गइल; महिला थानाध्यक्ष राजनंदनी घिर गइली, अनाउंस कइली- हमनी के छोड़ दीं, पकड़े नइखी सs आइल। जमीन विवाद सुलझावे गइल रहे पुलिस।
  3. उत्तर प्रदेश: होमगार्ड के परिजनन के सीएम योगी देलें 34 लाख के चेक, सड़क हादसा में भइल रहे नारदमुनि के मौत।
  4. उत्तर प्रदेश: त्रिवेणी एक्सप्रेस में सिपाही कइलस इलाहाबाद यूनिवर्सिटी के छात्रा से छेड़खानी, पुलिस लाइन से गिरफ्तार भइल।
  5. झारखंड: रांची एटीएस रवि प्रजापति के 150 कारतूसन के संगे कोडरमा से दबोचलस, भाकपा-माओवादी के जात रहे सप्लाई करे।
  6. देस-दुनिया में कोरोना के खतरा: चीन में 35 दिनन में 60 हजार मौत, 64% आबादी बा संक्रमित
  7. मनीष सिसोदिया के घरे CBI के छापा: दिल्ली के डिप्टी सीएम बोललें- स्वागत बा, जांच एजेंसी कहलस- अफसर खाली कागज लेवे गइल रहे लो।
  8. केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी के मिलल धमकी: नागपुर ऑफिस में लैंडलाइन पs एक घंटा में 3 बेर कॉल आइल, गडकरी के सुरक्षा कड़ा कइल गइल।
  9. राहुल के भारत जोड़ो यात्रा में कांग्रेस सांसद संतोख सिंह के निधन: हार्ट अटैक आइल, चलत घरी तमिलनाडु के सांसद से बोलले- ज्योति हाऊ आर यू आ नीचे गिर पड़लें।
  10. आईसीसी विमेंस अंडर-19 वर्ल्ड कप के आगाज आज से: भारत के पहिला मैच साउथ अफ्रीका से। भारत के सोझा 167 रन के लक्ष्य।
438690cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.