राहुल के सजा सुनाने वाला जज के कांग्रेस नेता देलें जीभ काटे के धमकी, दर्ज भइल ममिला; जांच में जुटल पुलिस
तमिलनाडु के डिंडीगुल में कांग्रेस के विरोध प्रदर्शन में पार्टी के जिला प्रमुख मणिकंदन एगो विवादस्पद बयान देलें। जवना के लेके कांग्रेस नेता के खिलाफ ममिला दर्ज भइल बा। असल में मणिकंदन राहुल गांधी के सजा सुनावे वाला जजे के धमकी दे देलें।
तमिलनाडु में कांग्रेस के एगो नेता पार्टी के सत्ता में अइला पs राहुल गांधी के दु साल के जेल के सजा सुनावे वाला जज के जीभ काट देवे के धमकी देले बाड़ें। कांग्रेस नेता के खिलाफ उनका टिप्पणी के लेके ममिला दर्ज कइल गइल बा।
कांग्रेस के अनुसूचित जाति, जनजाति मोर्चा तमिलनाडु के डिंडीगुल में कांग्रेस नेता राहुल गांधी के अयोग्यता के खिलाफ विरोध-प्रदर्शन करत रहे। एह प्रदर्शन में पार्टी के जिला प्रमुख मणिकंदन कहलें कि 23 मार्च के सूरत कोर्ट के न्यायाधीश हमनी के नेता राहुल गांधी के दु साल के जेल के सजा सुनवलें।
कांग्रेस नेता मणिकंदन के खिलाफ दर्ज भइल ममिला
ऊ कहले कि सुनीं जस्टिस एच वर्मा, जब कांग्रेस सत्ता में आई, तो हमनी के राउर जीभ काट देम सs। मणिकंदन के खिलाफ मामिला दर्ज कइल गइल बा आ डिंडीगुल पुलिस ममिला के जांच कर रहल बिया।
पिछला महीना कांग्रेस नेता राहुल गांधी के मोदी सरनेम पs टिप्पणी खातिर दोषी ठहरावल गइल रहे। उनका के दु साल जेल के सजा सुनावल गइल रहे। उनका सजा के बाद राहुल गांधी के संसद सदस्य के रूप में अयोग्य घोषित कs दिहल गइल बा।
Comments are closed.