“खबर भोजपुरी डॉट कॉम” उ ठेहा हs, जवना के सुरुआत बरिस 2016 में भइल। सुरुआत के बेरे से ‘खबर भोजपुरी’ हर खबर रउआ सभन तक राउरे भाषा ‘भोजपुरी’ में पहुँचावे खातिर समर्पित रहल बा।
हमनी के उद्देश्य भोजपुरी भाषा के ओकर मान-सम्मान दिलावे के संगे-संगे भोजपुरिया झेत्र के समस्या के सभका तक पहुँचावे के बा जवना से ओकर समाधान मिल सको।
Rohit Sharma: कांग्रेस नेता रोहित शर्मा के वजन पs कइलें टिप्पणी, हंगामा भइल तs भाजपा राहुल गांधी पs कसलस तंज
Share
स्पोर्ट्स डेस्क: कांग्रेस के एगो नेता के ओर से भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रोहित शर्मा के वजन के लेके कइल गइल गइल टिप्पणी पs हंगामा हो गइल बा। लोग कांग्रेस नेता के आड़े हाथ ले लेले बा। विवाद बढ़ता देख कांग्रेस नेता अपना सोशल मीडिया पोस्ट के डिलीट कs देली। हालांकि, विवाद अब राजनीतिक रंग ले लेले बा आ भाजपा पूरा कांग्रेस के निशाना पs ले लेलस। एह दौरान भाजपा राहुल गांधी पs तीखा तंज कसलस।
का बा पूरा ममिला
कांग्रेस प्रवक्ता डॉ. शमा मोहम्मद अतवार के भारत आ न्यूजीलैंड के मैच के दौरान सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट साझा कइलें। एह पोस्ट में कांग्रेस नेता लिखलें कि ‘रोहित शर्मा एगो मोटे खिलाड़ी बाडें! उनका आपन वजन कम कइला के जरूरत बा। बेशक ऊ भारत के अब तक के सबसे बेअसर कप्तान हवे।’ डॉ. शमा मोहम्मद के एह पोस्ट पs यूजर्स भड़क गइलें। एगो पाकिस्तानी खेल पत्रकार कांग्रेस नेता के एह पोस्ट पs नाराजगी जाहिर कइलें आ रोहित शर्मा के विश्वस्तरीय खिलाड़ी बतवलें। हालांकि, कांग्रेस नेता तबो ना मनले आ ऊ फेर से रोहित के आलोचना कइलें आ रोहित शर्मा के एगो औसत दर्जा के कप्तान बतवलें आ कहलें कि ऊ खाली भाग्यशाली बाड़ें कि ऊ भारतीय टीम के कप्तान हवे।
विवाद लेलस राजनीतिक रूप
कांग्रेस प्रवक्ता के टिप्पणी पs भाजपा प्रतिक्रिया देले बिया। भाजपा प्रवक्ता प्रदीप भंडारी तंज कसत लिखलें कि कांग्रेस अब चाहत बिया कि राहुल गांधी क्रिकेट खेलस। प्रदीप भंडारी सोशल मीडिया पs लिखलें कि ‘कांग्रेस के शर्म आवे के चाहीं। अब ऊ भारतीय क्रिकेट टीम पs निशाना साध रहल बिया। का ऊ लोग चाहत बा कि राजनीति में असफल रहला के बाद अब राहुल गांधी क्रिकेट खेलस!’
कांग्रेस नेता विवाद बढ़ला पs देली सफाई
कांग्रेस नेता डॉ. शमा मोहम्मद विवाद बढ़ला पs आपन पोस्ट के लेके सफाई देलस। ऊ कहलें कि ‘उनकर ट्वीट एगो खिलाड़ी के फिटनेस के लेके सामान्य ट्वीट कइलीं। एमे केहू के मोटापा के मजाक नइखे बनावल गइल। हमार हमेसा से माननल रहल बा कि खिलाड़ी के फिट होखे के चाहीं आ हमरा लागत है कि ऊ (रोहित शर्मा) तनिका मोट बाड़ें। तs हम एह बारे में ट्वीट कs देलें। हमरा पs बिना कवनो वजह के हमला कइल जा रहल बा। हमरा उनका पूर्व के कप्तानन से तुलना के हमरा अधिकार बा। ई कहला में गलत का बा? ई लोकतंत्र हs।’
Read Also: राहुल मल्ल के विवेकानंद यूथ अर्वाड से सम्मानित भइला पs भइल सम्मान समारोह के आयोजन
TAGS:Bhojpuri News, Bjp, comment on Rohit Sharma Weight, Congress Leader comment on Captain Rohit Sharma, Pradeep Bandhari, Rahul gandhi, ROHIT SHARMA
Share this article
Anurag Ranjan
Anurag Ranjan
Nandani Sharma : WPL में हैट्रिक लेवे वाली दुनिया के चउथा गेंदबाज, जानीं केकरा-केकरा के बनवली शिकार; देखीं पूरा लिस्ट
IND vs NZ ODI : न्यूजीलैंड से पहिला वनडे से तीन घंटा पहिले भारत के बड़ झटका, पंत सीरीज से बाहर; देखीं संभावित प्लेइंग-11
IND vs NZ Playing 11 : पहिला वनडे खातिर भारत के संभावित प्लेइंग-11 कइसन रही? का पंत के मिली मौका?
WTC Points Table : ऑस्ट्रेलिया सिडनी जीत से टॉप पs मजबूत, इंग्लैंड के हालत भारत से कहीं जादे खराब
T20 World Cup 2026 : ‘भारत में खेलs ना तs अंक गंवावs’, ICC बांग्लादेश बोर्ड के अल्टीमेटम देलस?
T20 World Cup 2026 : भारत ना आई बांग्लादेश के टीम, आईसीसी से श्रीलंका में मैच करावे के मांग
Shattila Ekadashi 2026 : पारण बिना अधूरा बा व्रत, सुभ मुहूर्त आ विधि नोट करीं
13 जनवरी 2026 के राशिफल
12 जनवरी 2026 के राशिफल
PM Modi : ‘सोमनाथ तुड़े वाला इतिहास में सिमट गइलें, आजो विरोधी ताकत सक्रिय’; पीएम मोदी के भाषण के बड़ बात