Anurag Ranjan
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
All Posts
Rohit Sharma: कांग्रेस नेता रोहित शर्मा के वजन पs कइलें टिप्पणी, हंगामा भइल तs भाजपा राहुल गांधी पs कसलस तंज
Share
स्पोर्ट्स डेस्क: कांग्रेस के एगो नेता के ओर से भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रोहित शर्मा के वजन के लेके कइल गइल गइल टिप्पणी पs हंगामा हो गइल बा। लोग कांग्रेस नेता के आड़े हाथ ले लेले बा। विवाद बढ़ता देख कांग्रेस नेता अपना सोशल मीडिया पोस्ट के डिलीट कs देली। हालांकि, विवाद अब राजनीतिक रंग ले लेले बा आ भाजपा पूरा कांग्रेस के निशाना पs ले लेलस। एह दौरान भाजपा राहुल गांधी पs तीखा तंज कसलस।
का बा पूरा ममिला
कांग्रेस प्रवक्ता डॉ. शमा मोहम्मद अतवार के भारत आ न्यूजीलैंड के मैच के दौरान सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट साझा कइलें। एह पोस्ट में कांग्रेस नेता लिखलें कि ‘रोहित शर्मा एगो मोटे खिलाड़ी बाडें! उनका आपन वजन कम कइला के जरूरत बा। बेशक ऊ भारत के अब तक के सबसे बेअसर कप्तान हवे।’ डॉ. शमा मोहम्मद के एह पोस्ट पs यूजर्स भड़क गइलें। एगो पाकिस्तानी खेल पत्रकार कांग्रेस नेता के एह पोस्ट पs नाराजगी जाहिर कइलें आ रोहित शर्मा के विश्वस्तरीय खिलाड़ी बतवलें। हालांकि, कांग्रेस नेता तबो ना मनले आ ऊ फेर से रोहित के आलोचना कइलें आ रोहित शर्मा के एगो औसत दर्जा के कप्तान बतवलें आ कहलें कि ऊ खाली भाग्यशाली बाड़ें कि ऊ भारतीय टीम के कप्तान हवे।
विवाद लेलस राजनीतिक रूप
कांग्रेस प्रवक्ता के टिप्पणी पs भाजपा प्रतिक्रिया देले बिया। भाजपा प्रवक्ता प्रदीप भंडारी तंज कसत लिखलें कि कांग्रेस अब चाहत बिया कि राहुल गांधी क्रिकेट खेलस। प्रदीप भंडारी सोशल मीडिया पs लिखलें कि ‘कांग्रेस के शर्म आवे के चाहीं। अब ऊ भारतीय क्रिकेट टीम पs निशाना साध रहल बिया। का ऊ लोग चाहत बा कि राजनीति में असफल रहला के बाद अब राहुल गांधी क्रिकेट खेलस!’
कांग्रेस नेता विवाद बढ़ला पs देली सफाई
कांग्रेस नेता डॉ. शमा मोहम्मद विवाद बढ़ला पs आपन पोस्ट के लेके सफाई देलस। ऊ कहलें कि ‘उनकर ट्वीट एगो खिलाड़ी के फिटनेस के लेके सामान्य ट्वीट कइलीं। एमे केहू के मोटापा के मजाक नइखे बनावल गइल। हमार हमेसा से माननल रहल बा कि खिलाड़ी के फिट होखे के चाहीं आ हमरा लागत है कि ऊ (रोहित शर्मा) तनिका मोट बाड़ें। तs हम एह बारे में ट्वीट कs देलें। हमरा पs बिना कवनो वजह के हमला कइल जा रहल बा। हमरा उनका पूर्व के कप्तानन से तुलना के हमरा अधिकार बा। ई कहला में गलत का बा? ई लोकतंत्र हs।’
Read Also: राहुल मल्ल के विवेकानंद यूथ अर्वाड से सम्मानित भइला पs भइल सम्मान समारोह के आयोजन
TAGS:Bhojpuri News, Bjp, comment on Rohit Sharma Weight, Congress Leader comment on Captain Rohit Sharma, Pradeep Bandhari, Rahul gandhi, ROHIT SHARMA
Share this article
Anurag Ranjan
Anurag Ranjan
Vaibhav Sooryavanshi : का आयरलैंड दौरा पs जइहें वैभव सूर्यवंशी? चयनकर्ता कइल लोग शॉर्टलिस्ट, टूट सकेला डेब्यू में सचिन के रिकॉर्ड
MI vs RCB : रोहित ‘रिटायर्ड हर्ट’ काहे भइलें आ कोहली फील्डिंग काहे ना कइलें? दूनो दिग्गजन के चोट से फैंस परेसान
DC vs CSK : आखिरकार फॉर्म में लवटलें संजू सैमसन, शतक ठोक के बनवलें वर्ल्ड रिकॉर्ड, धोनी के टूट गइल रिकॉर्ड
DC vs MI Live Streaming : दिल्ली-मुंबई के मुकाबला, फ्री में कइसे देखी IPL मैच?
IPL 2026 Points Table : केकेआर पs बड़ी जीत के बादो शीर्ष-4 से बाहर सनराइजर्स, अंक तालिका पs डालीं एक नजर
IPL 2026 : आरसीबी के धमाकेदार सुरुआत: 200+ के लक्ष्य सबसे तेजी से हासिल कइलस, चेज करत विराट कोहली बनवलें नया रिकॉर्ड
13 अप्रिल 2026 के राशिफल
Amarnath Yatra : बाबा बर्फानी के भक्तन खातिर बड़ खबर: 3 जुलाई से अमरनाथ यात्रा सुरू, 28 अगस्त तक दर्शन
12 अप्रिल 2026 के राशिफल
Jagannath Temple : पुरी जगन्नाथ मंदिर के ‘रत्न भंडार’ के गिनती फेर से सुरू, गर्भगृह कइल गइल बंद, भक्त बाहर से कs रहल बाड़ें दर्शन