दिल्ली विधानसभा में AAP विधायकन के जबरदस्त हंगामा, स्पीकर खड़ा होके शांत करवले

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 3, 2025

सोमार के दिने दिल्ली विधानसभा में एक बेर फेरु हंगामा मच गइल. सदन में बतकही के दौरान आम आदमी पार्टी के विधायक हंगामा मचवले। आज आम आदमी पार्टी के सभ 22 विधायक विधानसभा के भीतर

Share

सोमार के दिने दिल्ली विधानसभा में एक बेर फेरु हंगामा मच गइल. सदन में बतकही के दौरान आम आदमी पार्टी के विधायक हंगामा मचवले। आज आम आदमी पार्टी के सभ 22 विधायक विधानसभा के भीतर मौजूद बाड़े। निलंबित 21 विधायकन के निलंबन आजु खतम हो गइल बा. कैग के रिपोर्ट पs आज सदन में चर्चा होखे के बा बाकिर ओकरा से पहिले विधानसभा में बहुत बड़ हंगामा शुरू हो गईल बा।

आप के विधायक कइले टोका-टोकी

चर्चा दिल्ली विधानसभा में नियम 280 के तहत होखत रहे। रिठाला से भाजपा विधायक कुलवंत राणा आपन विचार पेश करत रहले। एही दौरान आप के विधायक भाजपा विधायक कुलवंत राणा से बहस कईले। जवना के चलते उ खिसिया गईले। संगही आप विधायक संजीव झा अवुरी भाजपा विधायक कुलवंत राणा के बीच बहस भईल। स्पीकर के अपना जगह पs खड़ा होके मामला के शांत करे के पड़ल।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.