Congress के झटका, भारत के पहिला गवर्नर जनरल सी राजगोपालाचारी के पोता सीआर केसवन पार्टी से देलें इस्तीफा

Share

CR Kesavan Resign: कांग्रेस पार्टी के आज एगो आउर बड़ झटका लागल बा। भारत के पहिला गवर्नर जनरल सी राजगोपालाचारी के पोता आर केसवन कांग्रेस पार्टी से इस्तीफा दे देलें बाड़े। केसवन कांग्रेस के साथ छोड़ला के संगही कइयन गो बड़ आरोपो लगवले बाड़ें।

कांग्रेस अध्यक्ष के लिखलें पत्र

सीआर केसवन कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे के लिखल अपना त्यागपत्र में कांग्रेस पार्टी पs कइयन गो बड़ आरोप लगवले बाड़ें। केसवन कहलें कि हम बिदेस से भारत खाली देस के सेवा करे खातिर लवटल रहनी, बाकिर अब उ मवका एह पार्टी में नइखे दिहल जा रहल। ऊ एही के संगे तमिलनाडु कांग्रेस कमेटी चैरिटेबल ट्रस्ट के ट्रस्टी के रूप में आ पार्टी के अपना प्राथमिक सदस्यता से इस्तीफा दे देलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-