Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP Budget : सबका के साधे पs काम, सियासी एजेंडन के उड़ान, 24 के मजबूती पs धेयान

यूपी सरकार के बजट के सियासी हित साधे के संगे-संगे 2024 के रोडमैप के तउर पs देखल जा रहल बा, योगी आदित्यनाथ सरकार के एह कार्यकाल के दोसरका बजट वित्त मंत्री सुरेश खन्ना बुध के विधान सभा में पेश कइले |

1,503

उत्तर प्रदेश  सरकार  2023-24 के बजट के सहारा सबका के साधे के  काम करत भाजपा के सियासी एजेंडन के अउरी  उड़ान देबे के कोसिस  कइले  बिया। बजट के सहारा प्रदेश में 2017 में भाजपा सरकारके अईला के बाद से अब तक राज्य के  आर्थिक, सामाजिक आ राजनीतिक सेहत सुधार के लोगन के तरक्की, रोजगार, सुरक्षा आ समृद्धि खातिर कईल  गईल कामन के  हवाला देईके भविसो खातिर उनकर भरोसा जीते के के प्रयास कईल गईल बा ।  एह बजट के कोसिस यूपी के  तरक्की आ एहिजा  के लोगन की समृद्धि  खातिर  2024 के लोकसभा चुनावन में  दिल्ली में भाजपा आ नरेन्द्र मोदी के नेतृत्व वाली सरकार के जरूरत के समझावत  लउक रहल  बा   ।

राज्य के बजट लगभग 6.90 लाख करोड़ रुपये के  आकार राज्य के सकल घरेलू उत्पाद के सापेक्ष  बहुते बड़  बा । अर्थशास्त्री प्रो. अंबिका तिवारी बतावत बाड़ें  कि इहे  तथ्य राज्य के आर्थिक रफ्तार के  गति देबे  के  सरकार के सबसे  मजबूत कोशिशन के संकेत बा  । केंद्र सरकार के 1 फरवरी के  प्रस्तुत बजट के  घोषणा के उत्तर प्रदेश में जमीन पs उतारल  आ ओकर  लाभ राज्य के लोगन के  जल्दी से जल्दी आ  बेसी से बेसी  मुहैया करावे  के  राज्य सरकार के  बेकरारी के  प्रमाण  बा  ।
ई बेकरारी लोगन के बीच योगी सरकार के  साख मजबूत करे  खातिर कईल गईल प्रयासन के आधार लउक। जेकर  राजनीतिक लाभ मिलबे करी । प्रो. तिवारी के मोताबिक जवना तरे बजट में सरकार  बुनियादी ढांचन के मजबूती देबे  पs जोर देले बिया , उ प्रदेश के अर्थव्यवस्था के एक ट्रिलियन डॉलर करे के संकल्प पs सरकार के पूरा शिद्दत से काम करे वाला के रूप  में संदेश देबे  वाला  बा ।

संतुष्टि  से समीकरण साधे के प्रयास 

वित्त मंत्री ने बजट के जरिए सभ लोगन  के संतुष्ट करे के कोशिस कइले बाड़ें । सरकार एकरा खातिर बुनियादी ढांचन के विकास पs भईल  कामन के आधार बनावल गईल। युवा  लोगन  के टेबलेट, स्मार्टफोन देबे  खातिर बजट में प्रावधान, गन्ना किसानन  के कईल  गईल भुगतान के संगे ग्रामीण युवा लोगन  खातिर  एग्रीटेक स्टार्ट अप खातिर बजट प्रावधान, मोटका अनाजन के खेती, प्राकृतिक खेती, जैव ऊर्जा, हरित ऊर्जा  खातिर  प्रोत्साहन के बजट प्रावधान, कल्याण कारी योजनन खातिर धन आवंटन, बन रहल  एक्सप्रेस वे के निर्माणन में विकास आ ओहनी  के पहुंच बढ़ावे  खातिर कईल जा रहल  जइसन कामन आ गांवन के शहरी सुविधा से संपन्न करे  के संकल्पन से सबका  के संतुष्ट करे के प्रयास कइके सियासी संतुलन साधे के प्रयास भईल  बा  ।

सरोकारन पs काम से एजेंडा सधाईल 

संस्कृत विद्यालयन आ संस्कृत पढ़े वालन  छात्रन  आ  धार्मिक जगहन के विकास खातिर अउरी अधिका धन के बेवस्था के  घोषणा से विरासत के संरक्षण आ प्रोत्साहन के नीति पs दृढ़ता से काम करत रहे के संकल्प देखाई के एजेंडन के साधे के कोसिस कईल गईल बा । जे तरे पहिलका  अनुपूरक बजट ले आके  कुल्ह सरकार अपना एजेंडन  पs काम करत रहल बाड़ी सs ,  ओकरा  के  देखतs  ई कहल जा सकत बा  कि  2024 के लोकसभा चुनाव से पहिले ले आवल गईल  अनुपूरक बजटो के जरिये  सियासी एजेंडन के साधल  गईल बा  भा आगहूँ एजेंडन के साधल जाई  ।

जवना अंदाज में प्रयागराज में आयोजित होखे वाला महाकुंभ के तईयारियन खातिर बजट, नैमिषारण्य में वेद विज्ञान अध्ययन केंद्र, प्रयागराज में भजन संध्या स्थल के निर्माण जइसन घोषणन से सनातन सरोकारन पs सरकार के समर्पण के  संदेश देले बिया , उ हिंदुत्व के एजेंडा को साधत लउकल ।  हालांकि, मदरसन के आधुनिकीकरण तथा धार्मिक शिक्षा के अलावा हिंदी, अंग्रेजी, विज्ञान, गणित पढ़े में रुचि लेबे  वाला छात्रन  खातिर  छात्रवृत्ति से लेके अउरी दोसर कुल्ह सुविधन में  बढ़ोतरी से सबकर साथ, सबकर विकास, सबकर विश्वास के संदेसो के मजबूत करत इ बतावे के कोशिस कइल गईल  बा कि योगी सरकार मुसलमान समुदाय के दुश्मन नईखे । बशर्ते उ लोग अपना आस्था के संगे देश आ प्रदेश के तरक्की में कदम से कदम मिलाई  के चले खातिर तइयार होखसु ।

467990cookie-checkUP Budget : सबका के साधे पs काम, सियासी एजेंडन के उड़ान, 24 के मजबूती पs धेयान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.