गोरखपुर: पोस्टर वार में कुदल कांग्रेस, लगवलस होर्डिंग ‘न बटेंगे न कटेंगे…हम एक हैं और एक रहेंगे’
गोरखपुर। यूपी उपचुनाव के बीच गोरखपुर में भाजपा आ सपा के बीच चल रहल पोस्टर वार में अब कांग्रेसो कूद गइल बिया। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बयान ‘बटेंगे तो कटेंगे’ से सियासी सरगर्मी बढ़ल, तs सपाई अखिलेश यादव के बयान ‘जुड़ेंगे तो बढ़ेंगे’ के माध्यम से पलटवार कइलस। पहिले भाजपा आ फेर सपा शहर भर में होर्डिंग्स लगवलस आ अब कांग्रेस पूरा शहर में आपन होर्डिंग्स लगा देले बिया।
होर्डिंग्स पs लिखल गइल बा – ‘न बटेंगे न कटेंगे…हम एक हैं और एक रहेंगे’ आ ‘नफरत के बाजार में मोहब्बत की दुकान खोल रहा हूं मैं’। गोरखपुर विश्वविद्यालय के पूर्व छात्र नेता आ भारतीय युवा कांग्रेस के प्रदेश महासचिव मनीष ओझा ई होर्डिंग्स लगवले बाड़ें, जवना से सियासत आउर गरमा गइल बा।
भाजपा-सपा के होर्डिंग्स हटवलें
पोस्टर वार के बढ़त विवाद के देखत सनीचर के नगर निगम भाजपा आ सपा के होर्डिंग्स हटा देलस। एह होर्डिंग्स के जगे अब प्राइवेट संस्था के विज्ञापन लगावल गइल बा। हालांकि, देर सांझ कांग्रेस के होर्डिंग्स फेर से लगावल गइल, जवना से ममिला आउर गरमा गइल।
कांग्रेस नेता के वीडियो सनेस
होर्डिंग्स लगववला के संगही भारतीय युवा कांग्रेस के प्रदेश महासचिव मनीष ओझा एगो वीडियो बयान जारी कइलें। एमे ऊ कहलें कि भाजपा बेर-बेर एह तरे के बयान देके लोगन के बांटे के काम करेले। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के ‘बटेंगे तो कटेंगे’ बयान के निंदा करत ऊ कहलें कि भाजपा धरम आ जाति के नाम पs लोगन के बांटे के प्रयास करत बिया।
जनता को बांटे के आरोप
मनीष ओझा कहलें कि एह बयान के जवाब में गोरखपुर में कांग्रेस पार्टी के ओर से सनेस देके होर्डिंग्स लगवावल गइल बा। ऊ कहलें, ‘हमनी के भाजपा के बतावल चाहत बानी सs कि चुनाव के दौरान एह तरे के नफरत फइलावे वाला बयान देके ऊ जनता के ध्यान असल मुद्दन से भटका रहल बा लो।’
सीएम योगी के सलाह
मनीष ओझा मुख्यमंत्री के सलाह देत कहलें कि देस के सबसे बड़ प्रदेश के नेतृत्व कइला के नाते उनका अइसन भड़काऊ बयान ना देवे के चाहीं, जवन समाज में विभाजन पैदा करें। जिम्मेदार पद पs बइठल नेता के एह तरे के बयानबाजी से बचे के चाहीं।
ममिला के सुरुआत कइसे भइल?
कुछ दिन पहिले गोरखपुर के अलग-अलग चौराहन पs भाजपा के ओर से होर्डिंग्स लगवावल गइल रहे, जवना पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बयान ‘बटेंगे तो कटेंगे’ लिखल रहे। एह होर्डिंग्स के भाजपा के युवा मोर्चा नेता अभय सिंह लगवले रहस। एकरा जवाब में सपा ‘जुड़ेंगे तो बढ़ेंगे’ नारा देत आपन होर्डिंग्स लगा देलस।
सपा के प्रतिक्रिया
सपा नेता मृत्युंजय यादव बिट्टू आ पूर्व प्रदेश सचिव आशुतोष गुप्ता कहल लो कि भाजपा राज्य में बांटे आ काटे के राजनीति कs रहल बिया। ऊ कहलें कि सपा हमेसा से लोगन के जोड़े आ मोहब्बत के बात करत रहल बिया आ एही के चलते उपचुनाव में 9 सीट जीते के उम्मीद कs रहल बिया।
नगर निगम हटवलस होर्डिंग्स, फेर गरमाइल ममिला
सनीचर के नगर निगम भाजपा आ सपा दुनो के होर्डिंग्स हटवा देलस आ ओकरा जगह पs निजी संस्थान के विज्ञापन लगवा देलस। बाकिर अब कांग्रेस के नया होर्डिंग्स लगवला के बाद गोरखपुर में फेर से सियासी पारा चढ़ गइल बा।
साभार: दैनिक भास्कर
Comments are closed.