डायरेक्टर राम गोपाल वर्मा के खिलाफ के दर्ज, CM चंद्रबाबू नायडू से जुड़ल बा मामला

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 12, 2024

  आपन बयान से अक्सर सुर्खियन में आवे वाला फिल्म निर्देशक राम गोपाल वर्मा नया मुसीबत में बाड़े. आंध्र प्रदेश के प्रकाशम जिला में फिल्म निर्माता राम गोपाल वर्मा का खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल

Share

मुश्किल में राम गोपाल वर्मा

 

आपन बयान से अक्सर सुर्खियन में आवे वाला फिल्म निर्देशक राम गोपाल वर्मा नया मुसीबत में बाड़े. आंध्र प्रदेश के प्रकाशम जिला में फिल्म निर्माता राम गोपाल वर्मा का खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. जानकारी के मुताबिक, राम गोपाल वर्मा पs आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री एन चंद्रबाबू नायडू अवुरी उपमुख्यमंत्री पवन कल्याण के कथित रूप से रूपांतरित फोटो सोशल मीडिया पs शेयर करे के आरोप लागल बा। एह पूरा मामला के बारे में जानी..

पुलिस का कहलस?

एह पूरा मामला के बारे में प्रकाशम जिला के पुलिस अधीक्षक एआर दामोदर जानकारी देले बाड़े कि राम गोपाल वर्मा पs सीएम एन चंद्रबाबू नायडू, डिप्टी सीएम पवन कल्याण अवुरी उनुका परिवार के लोग के फोटो से आपत्तिजनक तरीका से छेड़छाड़ करे के मामला में मुकदमा दर्ज भईल बा मड्डीपाडु थाना (प्रकाशम जिला) के खिलाफ मामला दर्ज भईल.

इs व्यक्ति शिकायत दर्ज करवले

निर्देशक राम गोपाल वर्मा के खिलाफ शिकायत अतवार के रात रामलिंगम नाव के 45 साल के युवक के ओर से दर्ज करावल गईल। उनुका शिकायत के आधार पs पुलिस मामला दर्ज कs लेले बिया। शिकायतकर्ता के आरोप बा कि एs फोटो के चलते समाज में मुख्यमंत्री, उपमुख्यमंत्री अवुरी परिवार के लोग के प्रतिष्ठा के नुकसान पहुंचल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.