Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कोलंबिया के फुटबॉल खिलाड़ी फ्रेडी रिनकोन के निधन

कार हादसा में आइल रहल गंभीर चोट

4,425
Google Ads 300*250 for posts

कोलंबिया के दिग्गज फुटबॉल खिलाड़ी अउर पूर्व कप्तान फ्रेडी रिनकोन के गुरुवार बिहाने निधन हो गइल। सोमवार के कार हादसा के शिकार होखले के बाद रिनकोन जिंदगी अउर मौत के बीच जूझ रहल रहने, लेकिन गुरुवार के ऊ दम तोड़ देहने। कोलंबिया के काली में उनकर कार सोमवार के दिन एगो बस से टकरा गइल रहल। एह हादसा में उनके सिर पर गंभीर चोट आइल रहल। एकरे तीन दिन बाद अस्पताल में इलाज के दौरान उनकर निधन हो गइल। उनकर उम्र 55 बरिस रहल। रियल मैड्रिड खातिर खेले वाले ई मिडफील्डर कोलंबिया खातिर 17 गोल कइले रहने अउर तीन विश्व कप में अपने देश के टीम के प्रतिनिधित्व कइले रहने।

फ्रेडी रिनकोन 1990, 1994 अउर 1998 विश्व कप में अपने देश खातिर खेलले रहने। उनकर नाम संयुक्त रूप से विश्व कप में अपने देश खातिर सबसे ज्यादा मैच खेलले के रिकॉर्ड  बनवले बाने। ऊ विश्व कप में कोलंबिया खातिर 10 मैच खेलले। उनके अलावा कार्लोस वालडेर्मा ई कारनामा कइले बाने।

1990 में कइले रहने कमाल

1990 में कोलंबिया के टीम 28 साल बाद विश्व कप के फाइनल में पहुंचल रहल। रिनकोन एह टीम के हिस्सा रहने अउर पश्चिमी जर्मनी के खिलाफ मैच में ई टीम  1-1 से ड्रॉ खेलले रहने। एह मैच में रिनकोन यादगार गोल कइले रहने। उहवें क्लब फुटबॉल में ऊ नपोली, पैलमेइरस अउर सैंटोस के हिस्सा रहने। बरिस 2000 में पहिले क्लब विश्व कप में ऊ कोरिनथिएंस के जीत दिलवले रहने। तब एह टूर्नामेंट के फीफा क्लब विश्व चैंपियनशिप के नाम से जानल जात रहने।

1993 में कोलंबिया के टीम अर्जेंटीना के 5-0 के बड़ अंतर से हराकर विश्व कप में जगह बनवले रहने। एह मैच में रिनकोन गोल कइले रहने अउर अपना टीम के जीत दिलवले में अहम योगदान देहले रहने। उनके निधन के बाद डॉक्टर कहने कि हर संभव प्रयास कइले के बावजूद ऊ रिनकोन के नाइ बचा पवने। उनके सिर में लागल गंभीर चोट उन के मौत के वजह बनल रहे।

241240cookie-checkकोलंबिया के फुटबॉल खिलाड़ी फ्रेडी रिनकोन के निधन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.