भारतीय महिला फुटबॉल टीम के मुख्य कोच थॉमस डेनेरबी शुक्रवार के मेजबान जॉर्डन के ख़िलाफ़ दुसरका अंतर्राष्ट्रीय मैत्री मैच में नयका ख़िलाड़ियन के मौका देहल चाहतने।
डेनेरबी कहनें कि हमनी के लमहर समय खातिर मजबूत टीम तैयार कइले के कोशिश कs रहल बानीं जा। हमनीके युवा लोग के मैच में मौका देवे के होई। परिणाम पर फिलहाल ढ़ेर ध्यान नाइ देहल जाई। हमनी के मुख्य ध्यान बेहतर प्रदर्शन अउर जुवा ख़िलाड़ियन के मौका देहले पs बा।
भारत मिस्र के 1-0 से हरवले रहल। ई जीत पहिला बेर अंतरराष्ट्रीय मैच खेले वाली प्रियंगका देवी के गोल से मिलल रहे। फीफा रैंकिंग के आधार पs जॉर्डन(63वाँ स्थान) मिस्र(95वाँ स्थान) से कहीं निम्मन टीम बा।
भारत के टक्कर आजु जॉर्डन से
Published on: Apr 8, 2022
भारतीय महिला फुटबॉल टीम के मुख्य कोच थॉमस डेनेरबी शुक्रवार के मेजबान जॉर्डन के ख़िलाफ़ दुसरका अंतर्राष्ट्रीय मैत्री मैच में नयका ख़िलाड़ियन के मौका देहल चाहतने। डेनेरबी कहनें कि हमनी के लमहर समय खातिर मजबूत
Share
Tags:
Share this article






