मशरक केंद्रीय विद्यालय के दानापुर में आयोजित महिला फुटबॉल सुब्रतो कप प्रतियोगिता में कास्य पदक पs कब्जा

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 7, 2022

मशरक (सारण)- धर्मेंद कुमार सिंह: केंद्रीय विद्यालय संभाग द्वारा आयोजित अंडर 14 महिला फुटबॉल सुब्रतो कप प्रतियोगिता में केंद्रीय विद्यालय मशरक के टीम कास्य पदक जीत के मशरक के नाम रौशन कइले बिया। ई कारनामा

Share

मशरक (सारण)- धर्मेंद कुमार सिंह: केंद्रीय विद्यालय संभाग द्वारा आयोजित अंडर 14 महिला फुटबॉल सुब्रतो कप प्रतियोगिता में केंद्रीय विद्यालय मशरक के टीम कास्य पदक जीत के मशरक के नाम रौशन कइले बिया। ई कारनामा मशरक केंद्रीय विधालय के टीम कोच चंदप्रकाश गुप्ता आ टीम मैनेजर अंकिता कुमारी के नृतेत्व में संभव भइल बा।

रउआ सभे के बता दीं कि केंद्रीय विद्यालय पटना संभाग कावर से अंडर 14 महिला फुटबॉल सुब्रतो कप के आयोजन केंद्रीय विद्यालय दानापुर में भइल। जवना में पूरा पटना संभाग से आइल विद्यालयन के टीम हिस्सा लिहल। जवना में केंद्रीय विद्यालय मशरक के छात्रा लोगन के टीम जबरदस्त प्रदर्शन करत कास्य पदक हासिल कइलस।

विजेता टीम में अंशु प्रिया, सिमरन कुमारी, अपर्णा गुप्ता, इशरत प्रवीण, सुरभि सोमया, चुलबुल कुमारी, दीपिका, लक्की कुमारी, सरेया कुमारी, कुमारी गरिमा, वर्षा रानी, संजना कुमारी, अलिशा कुमारी, प्रेरणा कुमारी, शिखा कुमारी, मनीषा कुमारी शामिल बा लो।

केंद्रीय विद्यालय मशरक में सभे के स्वागत कइल गइल आ विद्यालय के प्राचार्य महेश्वर प्रसाद सिंह आ विधालय परिवार पूरा टीम के बधाई दिहल आ साथे-साथे उज्ज्वल भविष्य के कामना कइल गइल। ओहिजा मशरक प्रखंड क्षेत्र के बुद्धिजीवी आ समाजसेवी लोग के तरफ से केंद्रीय विद्यालय मशरक के विजेता टीम के बधाई दिहल गइल आ मंगलकामना कइल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.