[the_ad_group id="30365"]

कोयला तस्करी मामिला में कानून मंत्री के घरे CBI डरलस छापा, चार ठो दुसरो ठिकाना पर पहुंचल जांच एजेंसी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल कोयला तस्करी मामिला में सीबीआई के टीम बुध के बड़ कार्रवाई कइलें बा। सीबीआई के टीम आसनसोल स्थित ममता सरकार में कानून मंत्री मलय घटक के आवास पs छापा मरले बा। एकरे अलावा कोलकाता के चार ठिकानन पर भी सीबीआई के अधिकारी पहुंचल बाड़ें। बतावल जा रहल बा कि सब ठिकाना मलय घटक से जुडल बा। सीबीआई के टीम इहवाँ तलाशी अभियान जारी रखले बा।

एसे पहिले ईडी के टीम दो सितंबर के मलय घटक के समन भेजले रहे। उ कोयला घोटाला के मामले में पूछताछ खातिर 14 सितंबर के तलब कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]